केदारनाथ में एयर एंबुलेंस क्रैश, AIIMS ऋषिकेश के हेलीकॉप्टर दुर्घटनाग्रस्त

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2025

उत्तराखंड के केदारनाथ से एह घरी बड़का खबर सामने आ रहल बा। इहाँ एम्स ऋषिकेश के हेली एम्बुलेंस सेवा के हेलीकाप्टर केदारनाथ में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। बतावल जाता कि हेलीकाप्टर के पीछे वाला हिस्सा के

Share

उत्तराखंड के केदारनाथ से एह घरी बड़का खबर सामने आ रहल बा। इहाँ एम्स ऋषिकेश के हेली एम्बुलेंस सेवा के हेलीकाप्टर केदारनाथ में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। बतावल जाता कि हेलीकाप्टर के पीछे वाला हिस्सा के नुकसान पहुंचल बा। इहे कारण बा कि इs दुर्घटना भईल। हालांकि सौभाग्य के बात बा कि एs दुर्घटना में कवनो बड़ नुकसान नईखे होखत। दुर्घटना के समय हेलीकाप्टर में पांच यात्री सवार रहले। फिलहाल सवार सभ यात्री सुरक्षित बाड़े। एह घटना के बारे में गढ़वाल के आयुक्त विनय शंकर पांडेय जानकारी देले बाड़े। 

दुर्घटना तकनीकी खराबी के चलते भईल

असल में एम्स ऋषिकेश दूर-दूर से आवे वाला यात्री लोग खातिर एयर एम्बुलेंस सेवा भी देवेला। एकरा तहत संचालित हेली एम्बुलेंस सेवा के एगो हेलीकाप्टर तकनीकी खराबी के चलते केदारनाथ के नजदीक दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक एs एयर एम्बुलेंस में सवार सभ लोग सुरक्षित बाड़े। एही बीच एम्स के वरिष्ठ जनसंपर्क अधिकारी संदीप कुमार सिंह बतवले कि इs हेली एम्बुलेंस एगो मरीज खातीर केदारनाथ गईल रहे। उतरत घरी कुछ तकनीकी समस्या रहे। एह दौरान हेलीकाप्टर के नुकसान हो गइल. एकर वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में देखल जा सकता कि हेलीकाप्टर के पीछे के हिस्सा के नुकसान पहुंचल बा। 

इहों पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.