नूंह के बाद अब पानीपत में तनाव, मस्जिद में घुस गईल तिरंगा यात्रा के भीड़ आ लगइले नारा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 17, 2023

  हरियाणा के पानीपत जिला के समालखा कस्बा में तनाव के स्थिति पैदा हो गइल बा। तिरंगा यात्रा निकालत सैकड़न लोग मस्जिद के भीतर घुस के हिन्दू नारा लगा दिहले। ओकरा बाद से कस्बा में

Share

 

हरियाणा के पानीपत जिला के समालखा कस्बा में तनाव के स्थिति पैदा हो गइल बा। तिरंगा यात्रा निकालत सैकड़न लोग मस्जिद के भीतर घुस के हिन्दू नारा लगा दिहले। ओकरा बाद से कस्बा में तनाव के माहौल बनल बा। एह घटना के एगो वीडियो भी वायरल हो रहल बा, जवना में हाथ में लाठी लेके नवहियन के एगो समूह देखल जा रहल बा। एकरा अलावे इ लोग तिरंगा अवुरी भगवा झंडा लेके भी देखाई देतारे। वीडियो के मुताबिक इ लोग बाइक पs तिरंगा रैली निकलेले अवुरी ए दौरान सराय मोहल्ला में स्थित मस्जिद के मुख्य गेट पs आके खड़ा हो गइले। एहमें से कुछ लोग जबरन मस्जिद के भीतर घुस गइले आ फेर पुलिस मौका पs चहुँपला पs ही मस्जिद से निकलेले।

एहमें से बहुते लोग मस्जिद में घुस के हिन्दूवादी नारा लगावत भी लउकत बा। घटना के बाद मुस्लिम युवक साजिद, सारिफ, जुलफान अवुरी इमरान पुलिस में शिकायत दर्ज करवले। मुस्लिम समुदाय के लोग आरोपी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई करे के मांग कईले। समालखा निवासी गफ्फार बतवले कि केसर के झंडा लेके बहुत लोग मस्जिद के भीतर जबरन घुस गईले। फिर इ लोग भी मस्जिद के भीतर भड़काऊ नारा लगइले।

गफ्फार बतवले कि जब इ भीड़ मस्जिद के भीतर घुसल त उहाँ सिर्फ तीन लोग मौजूद रहले। इ लोग विरोध ना कईले, बालुक पुलिस के फोन कईले। एकरा बाद जब पुलिस आईल त इ लोग निकल गईले। पानीपत के पुलिस अधीक्षक अजीत सिंह शेखावत कहले कि, हमनी के शिकायत के जांच करतानी अवुरी जदी केहु के दोषी पावल गईल त ओकरा खिलाफ कार्रवाई होई। समालखा थाना के प्रभारी बतवले कि हमनी के शिकायत दर्ज करा के मस्जिद में लागल कैमरा के जाँच कर रहल बानी जा। जांच में केहु के दोषी पावल गईल त ओकरा पs कार्रवाई कईल जाई। सीसीटीवी फुटेज से हमनी के लोग के पहचान करे में मदद मिली।

साभार- हिंदुस्तान

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.