Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Career Options after 12th Arts: आर्ट्स विषय से 12वीं बानी उत्तीर्ण तs ई बा करियर ऑप्शंस, प्राइवेट के संगे सरकारी नौकरी के रही चांस

238

देसभर में सीबीएसई सहित अलग-अलग राज्यन के बोर्ड्स के ओर से 12th क्लास के रिजल्ट घोषित कs दिहल गइल बा। आर्ट्स विषयन से 12वीं कक्षा उत्तीर्ण करे वाला स्टूडेंट्स आ ओह लोगन के अविभावकन के एह बात के चिंता रहत बा कि ऊ आगे कवन कोर्स करें जवना से ऊ आगे चलके आपन बेहतर भविष्य के निर्माण कs सकें। छात्रन के एही परेसानी के देखत हम इहां कुछ अइसन कोर्सेज बता रहल बा जवना के कs के आप आगे चलके प्राइवेट क्षेत्र में नौकरी पावे के संगही सरकारी नौकरी प्राप्त कs सकेम।

बीए

हमनी के देस में आर्ट्स स्ट्रीम से 12th उत्तीर्ण करे वाला स्टूडेंट्स खातिर बीए सबसे फेवरेट कोर्सेज में से एगो बीए अलग-अलग विषयन से करवावल जात बा आ ई तीन वर्षीय डिग्री प्रोग्राम होला। एह कोर्स के करे के बाद रउआ स्नातक स्तर के सरकारी नौकरियन खातिर एलिजिबल हो जाला लो। बीए कइला के बाद आप स्पेशलाइजेशन खातिर एमए/ एमबीए/ बीएड/ डीएलएड आदि कs सकत बा।

बीएएलएलबी

बीएएलएलबी एगो पांच वर्षीय कोर्स हs। जेमे रउआ लॉ पढ़ावल जात बा। ई कोर्स के कइला के बाद रउआ कोर्ट में वकील बने के योग्यता हासिल कs लेत बा। एकरा बाद रउआ योग्यता हासिल कs के जज तक के सफर तय कs सकत बा। एमे बेहतर करिअर के संगही प्रसिद्धि प्राप्त होई।

बैचलर ऑफ जर्नलिज्म

जेकर रुचि मीडिया क्षेत्र में बा आ ओकर लिखे आ बोले में दिलचस्पी बा। उनका खातिर ई कोर्स महत्वपूर्ण साबित हो सकत बा। एह कोर्स के कइला के बाद रउआ उच्च शिक्षा खातिर मास्टर्स कs सकत बा। एह कोर्स के कइला के बाद रउआ बैचलर डिग्री प्राप्त हो जाई आ संगही रउआ मीडिया क्षेत्र में निकले वाला नौकरियन खातिर एलिजिबल हो जाई।

839640cookie-checkCareer Options after 12th Arts: आर्ट्स विषय से 12वीं बानी उत्तीर्ण तs ई बा करियर ऑप्शंस, प्राइवेट के संगे सरकारी नौकरी के रही चांस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.