Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

DDU News: गोरखपुर विश्‍वविद्यालय के 1000 पीएचडी सीटन पs होई प्रवेश, पार्ट टाइम वालन के मिली ई खास सुविधा

605

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय सत्र 2023-24 के लंबित पीएचडी प्रवेश प्रक्रिया सुरू करे जा रहल बा। एह सत्र में विश्वविद्यालय पीएचडी के करीब 1000 सीटन खातिर शोधार्थियन के चयन करी।

एमे 800 नियमित सीटन आ 200 के करीब पार्ट टाइम पीएचडी सीट सामिल बा। नियमित सीटन पs प्रवेश खातिर परीक्षा आयोजित कइल जाई, जबकि अंशकालिक पीएचडी में प्रवेश निर्धारित मानक पs सीधा लिहल जाई। विश्वविद्यालय एकरा खातिर आपन तइयारी पूरा कs लेले बा। अगिला हफ्ता आवेदन आमंत्रित करे के तइयारी बा।

सीटन के निर्धारण खातिर विश्वविद्यालय प्रशासन सब विभागन से रिक्त सीटन के संख्या मंगा लेले बा। एकरे आधार पs करीब 1000 रिक्त सीटन के निर्धारण भइल बा, जवना पs प्रवेश लिहल जाये के बा। प्रवेश प्रक्रिया नया पीएचडी अध्यादेश के आधार पs सम्पन्न होई, जवना के बीतल महीना कुलाधिपति के स्वीकृति प्राप्त भइल बा।

पहिला बेर विश्वविद्यालय कालेज के स्नातक शिक्षकन के शोध निर्देशक बने के अवसर दिहल जा रहल बा। कालेजन के जवना शिक्षकन के शोध-निर्देशक बनावल जाये के बा, ओकर सूची तइयार कs लिहल गइल बा। अइसन शोधार्थी, जेकर शोध-निर्देश कालेज शिक्षक होई लो, उहो विश्वविद्यालय के छात्र होई।

ओइसन शोधार्थी शोध-निर्देशक के वजह से कालेजन के शोधार्थी ना मानल जाई। ई बेवस्था कालेज में शोध के इंतजाम ना होखे के वजह से कइल जा रहल बा। अबकी बेर संविदा शिक्षकन के ई सह-निर्देशक बनावल जाई। अबकी बेर प्रवेश से लेके पीएचडी प्रस्तुत करे तक के पूरा प्रक्रिया आनलाइन रही।

शोध में प्रवेश खातिर ई होई मानक

  • चार साल के स्नातक करे वाला छात्र बिना परास्नातक कs सकी लो आवेदन।
  • जेआरएफ आ नेट उत्तीर्ण छात्रन के प्रवेश प्रक्रिया में मिली वेटेज।
  • बिदेसी विद्यार्थियन के प्रवेश परीक्षा से छूट रही। ओह लोगन के प्रवेश अतिरिक्त सीट पs होई।
  • महिला आ दिव्यांग छात्रन खातिर विशेष प्रावधान रही।

अगिला सत्र से यूजीसी अध्यादेश प होई पीएचडी में प्रवेश

यूजीसी बीतल महीना पीएचडी के नया अध्यादेश जारी कइलस आ ओकरा के 2024-25 से लागू करे के विकल्प देले रहे। अइसन में अबकी बरिस भलही विश्वविद्यालय के नया पीएचडी अध्यादेश के मानक पs पीएचडी में प्रवेश प्रक्रिया पूरा कइल जाई, अगिला बरिस ओकरा यूजीसी के मानक पs प्रवेश लेवही के होई।

एकरा मोताबिक विश्वविद्यालय के प्रवेश मानक पs अबकी बेर हो रहल पीएचडी प्रवेश अंतिम होई। हालांकि, यूजीसी के शोध अध्यादेश के विश्वविद्यालय कार्य परिषद के स्वीकृति के बादे लागू करी।

दीदउ गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन कहली कि विश्वविद्यालय अगिला हफ्ता पीएचडी में प्रवेश के प्रक्रिया सुरू करे जा रहल बा। करीब 1000 सीटन के सापेक्ष पीएचडी में प्रवेश लिहल जाये के बा। एमे नियमित आ अशंकालिक दुनो तरे के शोधार्थी सामिल होई लो। कालेजन के शिक्षकन के शोध-निर्देशक बनवला से अबकी बेर पीएचडी प्रवेश के दायरा बढ़ी। प्रवेश प्रक्रिया पूरा तरे से नया शोध अध्यादेश के मानक पs संपन्न कइल जाई।

813530cookie-checkDDU News: गोरखपुर विश्‍वविद्यालय के 1000 पीएचडी सीटन पs होई प्रवेश, पार्ट टाइम वालन के मिली ई खास सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.