ढाई लाख के इनामी आदित्य राणा एनकाउंटर में ढेर: बिजनौर में रात दु बजे भइल मुठभेड़ में 5 पुलिसकर्मी घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 12, 2023

बिजनौर के स्योहारा थाना क्षेत्र के बुढ़नपुर में मंगर के देर रात करीब 2 बजे ढाई लाख के फरार इनामी बदमाश आदित्य राणा आ पुलिस टीम के बीच मुठभेड़ हो गइल। दु तरफा फायरिंग में

Share

बिजनौर के स्योहारा थाना क्षेत्र के बुढ़नपुर में मंगर के देर रात करीब 2 बजे ढाई लाख के फरार इनामी बदमाश आदित्य राणा आ पुलिस टीम के बीच मुठभेड़ हो गइल। दु तरफा फायरिंग में आदित्य एनकाउंटर में ढेर हो गइल। एमे 5 पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो।

हत्या, लूट के 43 से जादे मुकदमा रहे आदित्य पs 

राना नंगला बिजनौर निवासी आदित्य पs हत्या, लूट सहित 43 से जादे मुकदमा अलग-अलग थानन में दर्ज बा। पुलिस के मोताबिक 23 अगस्त 2022 के शिवाला कलां थाना में दर्ज एगो ममिला के सुनवाई खातिर पुलिस आदित्य राणा के लखनऊ जेल से बिजनौर ले आइल रहे। इहां से लवटत घरी शाहजहांपुर के रेड चिली ढाबा से पुलिस के चकमा देके आदित्य राणा फरार हो गइल रहे। एकरा बाद आदित्य के प्रदेशीय माफिया घोषित कइला के संगही ओह पs ढाई लाख रुपिया के इनाम घोषित कs दिहल गइल रहे। तबे से पुलिस एकरा तलाश में जुटल रहे।

SP नीरज कुमार जादौन के मोताबिक देर रात SOG टीम के सूचना मिलल कि आदित्य आ ओकर साथी बुढ़नपुर मार्ग पs बाड़े सs। मवका मिलतही टीम घेराबंदी सुरू कs देलस। पुलिस के मोताबिक, आदित्य आ ओकर साथी पुलिस टीम पs फायरिंग सुरू कs देले सs। पुलिस टीम जवाबी फायरिंग कइलस। एह दौरान 1 बदमाश के गोली लागल आ बाकी बदमाश जंगल के तरफ भाग गइले सs।

टार्च के रोशनी में देखल गइल तs जानकारी भइल कि गोली लागे वाला बदमाश आदित्य राणा हs। पुलिस टीम ओकरा के अभिरक्षा में लेके घायल अवस्था में इलाज खातिर जिला अस्पताल में भर्ती करावल, जहां ओकर मृत्यु हो गइल। आदित्य आ ओकर साथियन द्वारा कइल गइल फायरिंग में 5 पुलिसकर्मी  घायल हो गइल लो। आदित्य के बाकी साथियन के तलाश में पुलिस फोर्स जंगल में सर्च ऑपरेशन चला रहल बिया।

अभी ले पुलिस आदित्य गैंग के 8 से बेसी लोगन के गिरफ्तार कs चुकल बिया। एमे ओकर ग्राम प्रधान भाई चंद्रवीर बिट्टूओ सामिल बा। मुठभेड़ में स्योहारा थाना प्रभारी राजीव चौधरी, हमराह अजय कुमार फौजी, SOG इंस्पेक्टर जयवीर सिंह, सिपाही अरुण आ रईस घायल भइल बा लो।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.