Siwan News: अवैध कोचिंग संस्थान के संचालकन पs होई कार्रवाई, विभाग लिस्ट तइयार करे के देलस आदेस 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2024

सीवान। शहरी क्षेत्र के अलावा ग्रामीण इलाकन में बिना रजिस्ट्रेशन के सईयन कोचिंग संस्थान चलावल जा रहल बा। एह सब कोचिंग संस्थान के संचालकन के ऊपर शिक्षा विभाग जल्दिये कार्रवाई करी। शिक्षा विभाग के ओर

Share

सीवान। शहरी क्षेत्र के अलावा ग्रामीण इलाकन में बिना रजिस्ट्रेशन के सईयन कोचिंग संस्थान चलावल जा रहल बा। एह सब कोचिंग संस्थान के संचालकन के ऊपर शिक्षा विभाग जल्दिये कार्रवाई करी। शिक्षा विभाग के ओर से एह सब कोचिंग के सूची तइयार कइल जा रहल ब। एह सभन से रजिस्ट्रेशन खातिर शिक्षा विभाग आवेदन मांगल गइल रहे। रजिस्ट्रेशन करावे खातिर एक महीना के समय दिहल गइल रहे।

 

बाकिर, अधिकांश कोचिंग संचालकन के ओर से अभी ले रजिस्ट्रेशन नइखे करावल गइल। रजिस्ट्रेशन करावे खातिर 15 दिन खातिर तिथि में विस्तारो कइल गइल बा। बावजूद एकरा कोचिंग संस्थान के संचालक रजिस्ट्रेशन नइखे करावल गइल बा।

संचालकन के भेजल जाई नोटिस

शिक्षा विभाग एह सभन के उपर नकेल कसे के तइयारी सुरू कs देले बा। बिना रजिस्ट्रेशन वाला कोचिंग संस्थान के संचालकन के अब नोटिस भेजल जाये लागल बा। संगही शिक्षा विभाग के ओर से सूची तइयार कइल जा रहल बा। सीवान जिला में छठा से लेकर 12वीं क्लास तक के एकेडमी कोचिंग सेंटर के अलावे सरकारी नौकरी के तइयारी करावे वाला सइयन गो कोचिंग संस्थान बा। जवना में एसएससी, बैंक, बीपीएससी, यूपीएससी सहित अलग-अलग तइयारी करावल जाला।

कोचिंग संचालकन के सूची तइयार करे के आदेस 

जिला शिक्षा पदाधिकारी बतवलें कि सब प्रखंड के प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी के अइसन कोचिंग संचालकन के सूची तइयार करे के निरदेस दिहल गइल बा। जे केहू रजिस्ट्रेशन नइखे करवले, ओह सब लोगन के ऊपर कार्रवाई होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.