Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हल्द्वानी हिंसा में रहे अब्दुल मलिक के भी हाथ? सूत्रन के हवाला से आईल बड़ खबर

187

 

उत्तराखंड के हिंसाग्रस्त हल्द्वानी शहर के बाहरी इलाका से कर्फ्यू हटा दिहल गइल बा बाकिर बनभूलपुरा इलाका में ईs कर्फ्यू लागू रही जहाँ बीयफ़ें के एगो अवैध मदरसा गिरावे के मामिला में भीड़ आगजनी अवुरी तोड़फोड़ में शामिल भईल रहे। एही बीच सूत्र के हवाला से हिंसा के साजिश रचल लोग के लेके एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। सूत्र के मुताबिक पुलिस हत्या के अपराधी में से एक अब्दुल मलिक के तलाश में जुटल बिया। प्रशासन ओह घरन के कानूनी स्थिति के भी पता लगावत बा जहाँ से पत्थरबाजी के घटना भइल बा।

अब्दुल मलिक के तलास जारी बा

हल्द्वानी हिंसा के अपडेट देत नैनीताल के एसपी प्रहलाद नारायण मीणा कहले कि कुल 3 प्राथमिकी दर्ज हो चुकल बा। उs कहले कि एs मामिला में अबे ले 5 लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा अवुरी अब्दुल मलिक के तलाशी जारी बा। सपा कहले कि अब्दुल मलिक के खोज लगातार जारी बा। उ कहले कि थाना के पूरा योजना बना के निशाना बनावल गईल,अवुरी सीसीटीवी के आधार पs लोग के तलाशी लिहल जाता। सपा कहले कि हमनी के मामिला के जांच करतानी अवुरी तब जाके बताईब कि असली साजिश रचवाला के बा।

अब्दुल गैरकानूनी तरीका से जमीन पs कब्जा करत रहे

बता दी की कि हल्द्वानी में भइल हिंसा में कुल 6 लोग के मउत हो गइल, जबकि 60 से अधिका लोग घायल हो गइल। पुलिस हिंसा के मास्टरमाइंड में से एगो अब्दुल मलिक के तलाश में जुटल बिया। आरोप बा कि अब्दुल मलिक गैरकानूनी तरीका से जमीन पs कब्जा कs के गैरकानूनी तरीका से बेचले रहले। बनभूलपुरा में अतिक्रमण दूर करे खातिर जवना जगह पs कार्रवाई भइल रहे ओकरा के ‘मलिक के बगइचा’ भी कहल जाला। एकरा संगे प्रशासन के ओर से जांच भी हो रहल बा कि जहां से पत्थर फेंकल गईल रहे, उs मकान के कानूनी स्थिति का बा?

बाहरी इलाका में दोकान खुलल, लेकिन स्कूल बंद हो गईल

बता दीं कि शहर के बाहरी इलाका में दोकान शनिचर के दिने खुलल बाकिर स्कूल बंद बा। पुलिस के अपर महानिदेशक (एडीजी), कानून व्यवस्था ए. पी. अंशुमान हल्द्वानी में डेरा डाल देले बाड़े। एडीजी बतवले कि अबे ले एs हिंसा में शामिल 5 लोग के गिरफ्तार कs 3 प्राथमिकी दर्ज भईल बा। सोशल मीडिया पs अफवाह ना फइलावे खातिर इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा। हल्द्वानी के हालत एतना खराब हो गईल रहे कि हिंसा के दौरान स्थानीय लोग नगर निगम के जवान अवुरी पुलिस पs पथराव अवुरी पेट्रोल बम फेंकले।

 

 

734110cookie-checkहल्द्वानी हिंसा में रहे अब्दुल मलिक के भी हाथ? सूत्रन के हवाला से आईल बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.