Aadhaar Card: बिहार में 27.35 लाख बच्चन के लगे नइखे आधार कार्ड

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

बिहार में स्कूली बच्चा खाती आधार कार्ड अनिवार्य बा, बाकिर राज्य में अबही ले 27.35 लाख बच्चा बाड़े, जेकरा लगे आधार कार्ड नइखे। शिक्षा विभाग के निर्देश के बावजूद आधार अपडेट के काम में सरकारी

Share

Bihar education

बिहार में स्कूली बच्चा खाती आधार कार्ड अनिवार्य बा, बाकिर राज्य में अबही ले 27.35 लाख बच्चा बाड़े, जेकरा लगे आधार कार्ड नइखे। शिक्षा विभाग के निर्देश के बावजूद आधार अपडेट के काम में सरकारी आ निजी स्कूल के लापरवाही होखऽता। जदि बिना आधार कार्ड के नामांकित बच्चा के बात करीं तऽ गया जिला एकरा में आगे बा। एह सूची में शिवहर आखिरी बा।

भागलपुर। डुप्लिकेट नामांकन रोके खातिर बिहार शिक्षा परियोजना परिषद के ओर से स्कूली बच्चा के डाटा ई-शिक्षा पोर्टल पs अपलोड कइल जाता। लगातार निर्देश के बावजूद 100% आधार अपडेट के काम अबही तक पूरा नइखे भइल। सरकारी स्कूल आ निजी स्कूल दुनो व्यवस्था के आधार पs बंटल बा। अबकी बेर आखिरी तारीख 31 अगस्त तय कइल गइल रहे बाकिर फेर से तारीख बढ़ा दिहल गइल बा।

रिपोर्ट के मुताबिक 31 अगस्त तक राज्य भर के 77539 सरकारी स्कूल, मदरसा, प्रोजेक्ट स्कूल, संस्कृत स्कूल के 27 लाख 35 हजार 255 छात्र के आधार नउऽखे। जबकि राज्य के 14,060 निजी स्कूल में 9 लाख 35 हजार 264 बच्चा के नामांकन बिना आधार कार्ड के बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.