पटना में सड़क हादसा में 7 लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 16, 2024

मंगर के सबेरे पटना में एगो बड़ हादसा हो गईल। एह हादसा में 7 लोग के मउत हो चुकल बा। एक आदमी गंभीर रूप से घाही हो गईल बा। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती

Share

मंगर के सबेरे पटना में एगो बड़ हादसा हो गईल। एह हादसा में 7 लोग के मउत हो चुकल बा। एक आदमी गंभीर रूप से घाही हो गईल बा। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। राजधानी पटना के कंकड़बाग थाना क्षेत्र के रामलखन पथ के घटना हs। जानकारी के मुताबिक एगो ऑटो बेकाबू होके मेट्रो खाती काम करत क्रेन से टकरा गईल।

दुर्घटना एतना भयावह रहे कि 7 लोग के मउका पs मउत हो गईल, जबकि एक आदमी गंभीर रूप से घाही हो गईल बा, जेकरा के इलाज खातीर अस्पताल भेज दिहल गईल बा। दुर्घटना के बाद पुलिस मउका पs पहुंचल बिया अवुरी मामिला के जांच में व्यस्त बिया।

बतावल जाता कि सबेरे करीब 3.44 बजे मिठापुर से जीरोमाइल के ओर एगो ऑटो जात रहे। क्रेन मेट्रो के काम खातिर खंभा उठावत रहे। जइसहीं ऑटो क्रेन के लगे आईल, ओकरा से टकरा गईल। ऑटो में 8 लोग रहले, जवना में से 4 लोग के मउका पs मउत हो गईल। इलाज के दौरान 3 लोग के मउत हो गईल। एगो घायल बा, जेकर हालत गंभीर बा। मरेवाला लोग में चार पुरुष अवुरी तीन महिला शामिल बाड़ी। सब रोहतास, नेपाल, मुजफ्फरपुर, मधुबनी आ वैशाली से बा। 7 मरेवाला लोग के शव के पोस्टमार्टम खातीर पीएमसीएच ले आवल गईल बा। पोस्टमार्टम हो रहल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.