डीडीयू: प्रदर्शन के दौरान हमला करे के आरोपी चार छात्र निलंबित, चार बाहरियन पs लागल प्रतिबंध

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2023

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य द्वार पs बियफे के प्रदर्शन के दौरान मुख्य नियंता सहित आउर नियंता मंडल के सदस्यन पs हमला करे के आरोपी चार छात्रन के सनीचर के निलंबित कs दिहल

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य द्वार पs बियफे के प्रदर्शन के दौरान मुख्य नियंता सहित आउर नियंता मंडल के सदस्यन पs हमला करे के आरोपी चार छात्रन के सनीचर के निलंबित कs दिहल गइल। जबकि प्रदर्शन में सामिल चार बाहरियन के विश्वविद्यालय परिसर में प्रवेश प्रतिबंधित कs दिहल गइल बा।

अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के सदस्य बियफे के विश्वविद्यालय के मुख्य द्वार पs प्रदर्शन करत रहे लो। आरोप बा कि कुलपति प्रो. राजेश सिंह के पुतला फूंके से रोकला पs ऊ उग्र हो गइल बा आ मुख्य नियंता डॉ. सत्यपाल सिंह, नियंता मंडल के सदस्यन आ सुरक्षाकर्मियन पs हमला बोल दिहल। एह हमला में मुख्य नियंता आ दुगो नियंता मंडल के सदस्य चोटिल हो गइल रहे। घटना के विरोध में मुख्य नियंता कैंट पुलिस के ओहि दिन तहरीरो देलें, बाकिर अब तक केस दर्ज ना हो पाइल रहे।

एह बीच प्रदर्शन करे वाला चार छात्रन के सनीचर के निलंबित कs दिहल गइल बा। एमे विधि संकाय के सूरज कुमार चंचल, बीए तीसरा साल के अर्पित कसौधन, प्रिंस तिवारी आ एलएलबी के चंद्रपाल सिंह यादव के नाम सामिल बा। मुख्य नियंता बतवलें कि एकरा संगही चार बाहरियन के चिह्नित कइल गइल। एमे ऋषभ सिंह, सौरभ गौड़, संजीव त्रिपाठी, आलोक गुप्ता सा बा लो। एह लोगन के विवि परिसर आ छात्रावासन में प्रवेश पs रोक लगा दिहल गइल बा।

निलंबन से विश्वविद्यालय के समस्यन के समाधान ना: एबीवीपी

छात्रन के निलंबन आ परिसर में प्रवेश पs प्रतिबंध पs एबीवीपी बयान जारी कs के कहलस कि तुगलकी फरमान से उ डेराये वाला नइखे। एबीवीपी, शिक्षकन आ छात्र हितन खातिर आगहू लड़ाई जारी रखी। एबीवीपी के गोरक्ष प्रांत मंत्री सौरभ कुमार गौड़ कहलें कि गोरखपुर विश्वविद्यालय इकाई के कार्यकर्ता लोगन के ओर से छात्र हितन खातिर कइल गइल लोकतांत्रिक प्रदर्शन के विश्वविद्यालय प्रशासन राजनैतिक रंग देके ओकरा दिशा भ्रमित करे के कोसिस कs रहल बा। विश्वविद्यालय प्रशासन आपन नाकामी के छिपावत एबीवीपी कार्यकर्तन के खिलाफ निलंबन आ प्रवेश वर्जित करे के आदेस देले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.