31 अगस्त 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 31, 2022

दिनांक- 31/08/2022 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग भाद्रपद शुक्ल पक्ष तिथी- चतुर्थी दिन में 03 बजके 23 मिनट ले, ओकरा बाद पंचमी। दिन- बुध। चित्रा नक्षत्र रात में 12 बजके 12 मिनट ले, ओकरा

Share

दिनांक- 31/08/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथी- चतुर्थी

दिन में 03 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- बुध।

चित्रा नक्षत्र

रात में 12 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाति।

शुक्ल जोग

रात में 10 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/09/2022

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन में 02 बजके 49 मिनट ले।

दिन- बियफे

स्वाति नक्षत्र

रात में 12 बजके 12 मिनट ले।

ब्रह्म जोग

रात में 09 बजके 11 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

साझेदारी में बेवसाय करे वाला लोगन के आज सावधानी राखे के जरूरत बा। खरचा बढ़ला से मन परेसान होई। बाबूजी के संगे चल रहल मनमुटाव के बातचीत कs के सुलझा लीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिने दूसर लोगन के मदद करेम। आज के दिने निवेश ना कइला में फायदा बा। जादे थकान होखला के कारण स्वास्थ पs नकारात्मक असर पड़ सकेला।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज मेहनत के मोताबिक लाभ मिली। कवनो वाहन के खरीददारी हो सकेला। काम में बेसी व्यस्त रहला के बावजूद घर वालन के संगे समे बितावे के मौका भेंटी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन मिलल जुलल रही। घर-परिवार में कवनो पार्टी के आयोजन हो सकेला। लोगन से मेल जोल के दौरान बोली पs संयम राखीं। बेवसायी लोगन के परिवार के साथ मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन अटकल धन वापस मिले से मन सांत होई। आर्थिक स्तिथि परेसान कs सकत बा। धार्मिक गतिविधियन में मन लागी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मन में कवनो काम के लेके संदेह होखे तs ओकरा के मत करीं। कन्या राशि के विद्यार्थियन के पढाई मेहनत करे के सलाह दिहल जात बा। काम के स्थल पs आ रहल परेसानियन के दूर करे खातिर वरिष्ठ अधिकारियन से बात करीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

संतान के प्रति आपन जिम्मेदारी बखूबी निभावे में सफलता मिली। राजनीतिक क्षेत्र में कार्यरत लोगन के लाभ होई। अटकल काम पूरा होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन सुभ रही। लक्ष पs धेयान देला के जरुरत बा। काम के जगे पs मेहनत से कामयाबी मिली। आपन आमदनी के धेयान में राखिये के खरचा करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज पैतृक संपत्ति के लाभ मिल सकेला। सरकारी ममिलन से जुड़ल काम पूरा होई। कवनो धार्मिक यात्रा पs जा सकत बानी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन अनुकूल बा। काम के जगे पs सहकर्मियन के सहजोग से आपन छवि बेहतर बनावे में सफल रहब। घर में कवनो करीबी भा दोस्त के अइला से माहौल खुसनुमा होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिने रउआ समस्यन से छुटकारा मिली। लमहर समे से अटकल काम आज पूरा होई। विद्यार्थियन के आज कवनो सुभ समाचार सुने के मिल सकत बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज कवनो नाया संपत्ति के खरीददारी कs सकत बानी। दफ्तर में अधिकारी रउआ से प्रसन्न रही लो। अनुभवी लोगन से बतकही कs के भविष्य से जुड़ल योजना बना सकत बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.