earthquake:भूकंप के झटका से कापल गुजरात के कच्छ के धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2024

गुजरात के कच्छ जिला में भूकंप के चलते दहशत फैल गईल बा। सोमार के सबेरे जिला में 3.7 तीव्रता के भूकंप महसूस भईल। इंस्टीट्यूट ऑफ सिस्मिक रिसर्च (आईएसआर) इs जानकारी देले बा। जिला प्रशासन के

Share

गुजरात में एल्बम

गुजरात के कच्छ जिला में भूकंप के चलते दहशत फैल गईल बा। सोमार के सबेरे जिला में 3.7 तीव्रता के भूकंप महसूस भईल। इंस्टीट्यूट ऑफ सिस्मिक रिसर्च (आईएसआर) इs जानकारी देले बा। जिला प्रशासन के कहनाम बा कि, भूकंप के चलते कवनो प्रकार के जानमाल के नुकसान चाहे संपत्ति चाहे कवनो चीज़ के नुकसान के सूचना नईखे आईल। गांधीनगर के आईएसआर के कहल बा कि भूकंप सबेरे 10.44 बजे आइल आ एकर केन्द्र लखपत से 76 किलोमीटर उत्तर-पूरुब में बा. एह महीना अबहीं ले जिला में दू बेर तीन तीव्रता से अधिका के भूकंप महसूस भइल बा.

गुजरात भूकंप के उच्च जोखिम वाला इलाका हs

आईएसआर के मुताबिक 7 दिसंबर के जिला में आईल भूकंप के तीव्रता 3.2 दर्ज भईल। पिछला महीना 18 नवंबर के कच्छ में चार तीव्रता के भूकंप दर्ज भइल रहे. आईएसआर के आंकड़ा के मुताबिक एकरा से पहिले 15 नवंबर के उत्तर गुजरात में पाटन में 4.2 तीव्रता के भूकंप आईल रहे। गुजरात भूकंप के उच्च जोखिम वाला इलाका हs।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.