[the_ad_group id="30365"]

25 अगस्त 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 25/08/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

दिन में 10 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- बियफे।

पुष्य नक्षत्र

दिन में 05 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद श्लेषा नक्षत्र।

वरीयान जोग

रात में 03 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ जोग।

वलव करण।

गुरु पुष्य योग- आज के दिने कवनो काम करे से बढ़न्ती होई।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/08/2022

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

दिन में 11 बजके 52 मिनट ले।

दिन-सुक।

श्लेषा नक्षत्र

रात में 07 बजके 18 मिनट ले।

परिघ जोग

रात में 03 बजके 55मिनट ले।

शश करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिने भाग्य राउर साथ दिही। लमहर समे से रोकल काम पूरा होई। प्रतियोगिता खातिर मेहनत कर रहल विद्यार्थी लोग आगे बढ़त रहो, सफलता जरूर मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन सुभ बा। आज इक्षा के मोताबिक सब काम पूरा होई। दाम्पत्य जिनगी सुख से भरल रही। कवनो नाया बेयपार में धन निवेश करे के विचार आ सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आत्म बिस्वास से भरल रहेम। धन के ममिला में कइल गइल कोसिस सकारात्मक परिणाम दी। राजनीतिक आ सामाजिक क्षेत्र से जड़ल लोगन के सभा मे सामिल होखे के मौका मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जवन काम करे के सोच रहल बानी ओकर प्लानिंग पहिले से कs लेब तs बेहतर रही। बेयपारियन के लाभ होई। सेहत के खेयाल राखीं। पढ़ाई के ममिला में नाया अवसर प्राप्त होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज खर्चन पs नियंत्रण राखीं। कवनो रिश्तेदार से कवनो उपहार मिल सकेला जवना के देख के बहुत खुसी होई। कवनो संघतिया से मुलाकात हो सकत बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रोजगार के तलाश में बानी तs कवनो सुभ समाचार मिल सकत बा। नौकरीपेशा लोगन के तरक्की मिली। बेयपार में लाभ मिल सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने काम अधिका होई। संघतिया से कवनो लाभ मिल सकेला। नाया साझेदारी से जुड़े के जोग बन रहल बा। भौतिक सुख-सुविधा पs खरचा होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन विद्यार्थियन आ नौकरीपेशा लोगन खातिर सुभ रही। घर में कवनो मांगलिक कार्यक्रम हो सकेला। आमदनी में कमी के होखला के संकेत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

स्वास्थ के खेयाल राखीं। धीर से काम लीं। संघतिया के सहजोग मिली। मन में असंतोष के भाव पैदा हो सकत बा। अनियोजित खरचा बढ़ सकत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मन मोताबिक काम पूरा होई। विरोधियन के परास्त करे में सफल रहेम। बेयपार में बढ़न्ती सम्भव बा। खरचा नियंत्रण में रही। कवनो नाया काम के करे ला दिन अनुकूल रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक लाभ होई। नौकरी में प्रमोशन मिल सकत बा। भावना के नियंत्रण में राखी। परिवार में केहू धार्मिक काम कs सकत बा। भौतिक समृद्धि होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनो पुरान संघतिया से समूचा गिला शिकवा भुला नके आगा बढ़ेम। विद्यार्थी अपना करियर के लेके जुटल रहे लो। योजना बना के कवनो काम के अंजाम देला से उन्नति जरूर मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]