22 मई 2022 के राशिफल

Share

दिनांक- 22/05/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

05 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन-अतवार।

धनिष्ठा नक्षत्र

रात में 03 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिष नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

दिन में 10 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद ऐन्द्र जोग।

भद्र करण।

भानू सप्तमी।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 23/05/2022

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

 दिन में 03 बजके 52 मिनट ले।

दिन-सोमार।

शतभिष नक्षत्र

रात में 02 बजके 31 मिनट ले।

ऐन्द्र जोग

 प्रातः 07 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकत बा। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बांचल काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। लईकन के स्वास्थ पs खास धेयान राखीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ संबंधी लाभ मिली। शिक्षा में बढ़न्ती होई। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के पुरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। उपहार भा सम्मान बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पेट से जुड़ल परेसानी बन सकत बा। मानसिक तनाव बनल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधानी बरतीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-