Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

21 नवंबर 2023 के राशिफल

550

दिनांक-21/11/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

दिन के 01 बजे 47 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- मंगर।

शतभिषा नक्षत्र

रात के 08 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।

व्याघात जोग

दिन के 05 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद हर्षण जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 22/11/2023

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 11 बजके 04 मिनट ले।

दिन- बुध।

 पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 37 मिनट ले।

हर्षण जोग

दिन के 02 बजके 46 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर मन अशांत रही। स्वास्थ में उतार चढ़ाव बनल रही। बेयपार में लेन-देन, साझेदारी, सोच-विचार कs के करीं। जतरा आदि में सावधानी बरती, वाहन चलावे से बचीं। केहू अपना से जुड़ल दुखद समाचार मिली।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ सतर्क रहीं। वाद-विवाद में मत पड़ीं आ स्वास्थ के धेयान रखीं। काम के अधिकता के कारण स्वास्थ में उतार-चढ़ाव बनल रही। बेयपार-बेवसाय में कवनो नया काम सुरू मत करीं। यात्रा में वाहन से सावधानी बरती।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन अच्छा रही। परिवार के सहजोग मिली। आर्थिक इस्थिति में लाभ प्राप्त होई आ मन प्रसन्न रही। स्वास्थ के धेयान रखीं, चोट आदि लाग सकत बा। कवनो जरूरी काम के रुकला से नुकसान उठावे के पड़ सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन सानदार रही। कवनो महत्वपूर्ण काम खातिर रउआ काम के योजना बनी। मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। अपनन के सहजोग मिली। बेयपार-बेवसाय में लाभ प्राप्त होई। पत्नी के स्वास्थ के चिंता बनल रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

रउआ आज कवनो नया जोखिम में फंस सकत बानी। बेयपार में नया साझेदारी सोच- विचार कs के करीं। कवनो नया काम के सुरुआत हो सकत बा। वाहन आदि के चलावे में सतर्कता बरती। पारिवारिक मतभेद के कारण मन अशांत रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज लमहर जतरा पs मत जाई। आपन स्वास्थ के धेयान रखीं। न्यायालय पक्ष के काम में सतर्कता बरती। बेयपार में केहू पs भरोसा कइल रउआ के बड़ नुकसान में डाल सकत बा। परिवार में आपसी कलह के कारण वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ कवनो नया काम सरू कs सकत बानी। मन प्रसन्न रही आ परिवार में हर्ष आ उल्लास के माहौल रही। पत्नी के स्वास्थ के धेयान रखीं। घर में कवनो नया सदस्य के आगमन होई। बेयपार में नया अवसर प्राप्त होई आ कवनो नया वस्तु किन सकत बानी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन बहुत अच्छा रही। बेयपार में कवनो बड़ डील होखे से लाभ प्राप्त होई। मन आध्यात्म के तरफ आकर्षित होई। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। कवनो विशेष व्यक्ति से मुलाकात होई, जवना से आवे आला समय में लाभ प्राप्त होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ अपमान के सामना करे के पड़ सकत बा। परिवारिक मतभेद के चलते वाद-विवाद में फंस सकत बानी। वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरती। अपना स्वास्थ के खेयाल रखीं आ आज कवनो नया काम मत सुरू करीं। लेन-देन में सतर्कता बरती।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ जतरा आदि मत करीं। बेकार के आरोप-प्रत्यारोप से बचीं। पारिवारिक मतभेद खतम करे के कोसिस करीं। आज कवनो व्यक्ति के उधार मत दीं। बेयपार में नया काम सोच-विचार के करीं। अपना स्वास्थ के धेयान रखीं आ शत्रुअन से सावधान रहीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन कवनो पुरान परिचित व्यक्ति से मुलाकात होई। राउर रुकल काम पूरा होई। कवनो धार्मिक यात्रा आदि पs जाये के योजना बनी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। बेयपार में नया लोगन से संबंध स्थापित होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा रहे वाला बा। बेयपार में नया काम सुरू करेम। कवनो बड़ काम करे के ऑफर आई। लेन- देन, साझेदारी, सोच-विचार कs के करीं। परिवार में धार्मिक काम होई। कवनो नया सामान किन-बेंच सकत बानी।

681340cookie-check21 नवंबर 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.