21 मई 2024 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: May 21, 2024

दिनांक-21/05/2024 श्री गणेशाय नम: आज के पंचांग बैशाख शुक्ल पक्ष तिथि- त्रयोदशी दिन के 05 बजके 39 मिनट ले, ओकरा बाद चतुर्दशी। दिन- मंगर। स्वाति नक्षत्र समस्त। व्यातीपात जोग दिन के 12 बजके 35 मिनट

Share

दिनांक-21/05/2024
श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

दिन के 05 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- मंगर।

स्वाति नक्षत्र

समस्त।

व्यातीपात जोग

दिन के 12 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 22/05/2024

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

सांझ के 06 बजके 48 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्णिमा।

दिन- बुध।

स्वाति नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 46 मिनट ले।

वरीयान जोग

दिन के 12 बजके 37 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकत बा। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली। आर्थिक ममिला में नुकसान पहुंच सकत बा। सावधानी बरतीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ संबंधी लाभ मिली। शिक्षा में बढ़न्ती होई। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। उपहार भा सम्मान बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली।कवनो नाय काम के योजना बनी। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। उपहार भा सम्मान बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानियन के समाधान होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधानी बरतीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.