18 मार्च 2025 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

 दिनांक- 18/03/2025श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग चैत्र कृष्ण पक्ष  तिथि- चतुर्थी  रात के 10 बजके 19 मिनट ले, ओकरा बाद पंचमी। दिन- मंगर। स्वाति नक्षत्र सांझ के 05 बजके 51 मिनट ले, ओकरा बाद

Share

राशिफल

 दिनांक- 18/03/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष 

तिथि- चतुर्थी 

रात के 10 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- मंगर।

स्वाति नक्षत्र

सांझ के 05 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

व्याघात जोग

दिन के 04 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद हर्षण योग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक-19/03/2025

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 12 बजके 37 मिनट ले।

दिन- बुध।

विशाखा नक्षत्र

रात के 08 बजके 50 मिनट ले।

हर्षण जोग

सांझा के 05 बजके 37 मिनट ले।

कौलव करण।

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहा मेहनत सार्थक होई। संघतिया, भाई भा अधीनस्थ कर्मचारी से तनाव मिल सकत बा।
 
 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। संतान के संबंध में सुखद समाचार मिली। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। विष जोग होखला के कारण बोली पs संयम रखीं। अपनन से तनाव आ टकराव के इस्थिति आ सकत बा।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

ससुराल पक्ष के सहजोग रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई। रचना के काम में बढ़न्ती होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। झगड़ा-विवाद से बचीं। बेकार के वाद-विवाद में फंस सकत बानी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियेागिता के क्षेत्र में कइल जा रहल श्रम सार्थक होई। दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक ममिलन में सुधार होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके रहला के आवश्यकता बा। विरोधी सक्रिय हो सकत बा। जवना से तन आ मन प्रभावित होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बुद्धि के भटकाव से अपने नुकसान कs सकत बानी। भावुकता में नियंत्रण रखीं।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। रिश्तन में निकटता आई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बोली पs लगाम रखीं। विष योग के कारण रिश्तन में तनाव आ टकराव के इस्थिति आ सकत बा। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम। बेकार के उलझन रही। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

Read Also: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ पहिलकी मेहरारू के छोड़ फेर बदलले धर्म, अइसन रहे धर्मेंद्र आ हेमा के Love story

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.