दिनांक- 13/05/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष
तिथि- प्रतिपदा
रात के 12 बजके 36 मिनट ले,
ओकरा बाद द्वितीया।
दिन- मंगर।
विशाखा नक्षत्र
सबेरे के 09 बजके 09 मिनट ले,
ओकरा बाद अनुराधा।
वरीयान जोग
भोर के 05 बजके 52 मिनट ले,
ओकरा बाद परिघ जोग।
बालव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 14/05/2025
ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष
तिथि- द्वितीया
रात के 02 बजके 29 मिनट ले।
दिन- बुध।
अनुराधा नक्षत्र
दिन के 11 बजके 47 मिनट ले।
परिघ जोग
सबेरे के 06 बजके 33 मिनट ले।
तैतिल करण।
Read Also: ‘भारतीय टीम के जदि हमार जरुरत बा तs उपलब्ध बानी’, 103 टेस्ट के अनुभवी खिलाड़ी भरलें हुंकार
आज रउआ सुखद समाचार मिली। जदि रउआ काम के तलाश में बानी, तs रउआ कार्यक्षेत्र में नया अवसर मिली। बेयपार में लाभ प्राप्त होई, मन प्रसन्न रही आ परिवार के सहजोग मिली। आज रउआ नया सामान किन सकत बानी। स्वास्थ ठीक रही। पारिवारिक माहौल अच्छा रही।
आज के दिन उतार-चढ़ाव वाला रह। स्वास्थ खराब हो सकत बा। आपसी वाद-विवाद होखे से मन अशांत रही। बोली पs लगाम रखीं। बेयपार में अस्थिरता दिखाई पड़ी, अपनन से हानि उठावे के पड़ सकत बा।


आज कवनो विशेष व्यक्ति से भेंट होई। मन प्रसन्न रही आ आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। बेयपार में नया अवसर प्राप्त होई। परिवार आ समाज के लोगन से मान-सम्मान प्राप्त होई। कवनो काम के लेके लमहर जतरा पs जाये के पड़ सकत बा।













