11 मई 2024 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2024

दिनांक-11/05/2024 श्री गणेशाय नम:   आज के पंचांग बैशाख शुक्ल पक्ष तिथि- चतुर्थी रात के 02 बजके 04 मिनट ले, ओकरा बाद पंचमी। दिन- सनीचर। म्रृगशीर्षा नक्षत्र दिन के 10 बजके 15 मिनट ले, ओकरा

Share

दिनांक-11/05/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्थी

रात के 02 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- सनीचर।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

दिन के 10 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

दिन के 10 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 12/05/2024

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 02 बजके 04 मिनट ले।

दिन- अतवार।

आद्रा नक्षत्र

दिन के 10 बजके 26 मिनट ले।

धृति जोग

दिन के 08 बजके 33 मिनट ले।

बव करण।

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकत बा। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। लईकन के स्वास्थ पs खास धेयान दीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्मविस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। उपहार भा सम्मान बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। चोट लागे के संभावना बन सकत बा। भाग-दउर रही। जतरा के संजोग बनी। अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानियन के समाधान होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।  स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधान रहीं।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.