04 अगस्त 2024 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

दिनांक-04/08/2024 श्री गणेशाय नम: आज के पंचांग श्रावण कृष्ण पक्ष तिथि- अमावस्या दिन के 04 बजके 42 मिनट ले, ओकरा बाद प्रतिपदा। दिन- अतवार। पुष्य नक्षत्र दिन के 01 बजके 26 मिनट ले, ओकरा बाद

Share

दिनांक-04/08/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

दिन के 04 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- अतवार।

पुष्य नक्षत्र

दिन के 01 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

सिद्धि जोग

दिन के 10 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यातीपात जोग।

नाग करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/08/2024

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 06 बजके 03 मिनट ले।

दिन- सोमार।

आश्लेषा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 21 मिनट ले।

व्यातीपात जोग

दिन के 10 बजके 37 मिनट ले।

बव करण।

 

 

 

 

 

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

स्वास्थ समान्य रही। दफ्तर में वरिष्ठ अधिकारी नाराज हो सकत बा लो, कवनो पुरान संघतिया से भेंट हो सकेला। हर केहू पs भरोसा कइल महंगा पड़ सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अपना आप पs भरोसा रखी, बेयपारी लोगन के मुनाफा हो सकत बा, नौकरीपेशा लोगन के अपना करियर में सकारात्मक परिणाम लउकी, रिश्तेदार आ संघतिया लोगन संबंध मधुर होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आपन रोज के काम से हटके कवनो नाया काम हाथ में लेवे से पहिले विचार कs ली, सेहत के लेके लापरवाही मत करी, प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी कs रहल छात्र लोगन के लाभ होई, कुंआर लोगन खातिर रिश्ता आ सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक स्तिथी मजबूत होई, खरचा बढ़ी, भाग्य आज साथे बा, सेहत आ मन दुनु खुश रही, जिनगी के परेसानियन के सुलझावे खातिर मौका मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

कम समय खातिर कइल गइल निवेश लाभ दे सकत बा, बेयपारी लोगन खातिर दिन शुभ बा, नौकरीपेशा लोगन पs काम के बोझ बढ़ी, प्रेम जिनगी में गलतफहमी के कारण मन मुटाव हो सकत बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आमदनी के तुलना में खरचा बढ़ी, आज पूरा दिन बेचैनी महसूस हो सकत बा, बिजनेस आ नौकरी खातिर दिन शुभ बा।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक सुरक्षा में बढ़न्ती होई, सेहत बिगड़ सकत बा, छात्र लोगन के शिक्षा के क्षेत्र में लाभ होई, माई-बाबुजी के दुलार मिली, काम के क्षेत्र में कवनो बड़ परिवर्तन आ सकत बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मनचाही इक्षा पूरा होखला से मनोबल बढ़ी, संघतिया लोगन से बातचीत होई, आर्थिक स्तिथी निम्मन रही, अचके कवनो खरचा आ सकत बा, जीवन साथी के संगे संबंध मजबूत होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

संघतिया लोगन के सहजोग मिली, कर्जा चुकावे में सफलता मिली, स्वास्थ खराब हो सकेला, तुलसी पूजा कइल शुभ रही, जतरा के दौरान सावधान रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कवनो रिश्तेदार भा संघतिया के मदद करे के मवका मिली, बेयपारी लोगन के बिजनेस में कुछ समस्या के सामना करे के पड़ सकत बा, कवनो बात के लेके तनाव में आ सकत बानी, अचके धन लाभ संभव बा।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बिजनेस में मुनाफा के संगे मान-सम्मान बढ़ी, जे लोग बेरोजगार बा ओकरा शुभ समाचार मिल सकत बा, संतान सुख भेंटी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनो बात के लेके घर में तनाव पैदा हो सकेला, सेहत निम्मन रही, नौकरिपेशा लोग तनिका परेसान हो सकत बा लो, परिवार के संगे मौज-मस्ती में समय बीती।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.