Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दीवानी से फरार भईल 50 हजार के इनामी गैंगस्टर विनय श्रोत्रीय आज तड़के सुबह पुलिस मुठभेड़ में भईल ढ़ेर

दीवानी से फरार भईल 50 हजार के इनामी गैंगस्टर विनय श्रोत्रीय आज भोरे पुलिस मुठभेड़ में भईल ढेर

945

दीवानी से फरार भईल 50 हजार के इनामी गैंगस्टर विनय श्रोत्रीय पुलिस संगे भईल मुठभेड़ में मारल गईल । बुधवार के भोरे-भोरे सिकंदरा क्षेत्र में गांव अकबर रोड पर एसटीएफ अउरी सिकंदरा पुलिस के मिलल-जुलल टीम ओकरा के घेर लेलस । घेराबंदी के बेरा उ पुलिस पs गोली चलवलस । पुलिस के तरफ से जवाबी कार्रवाई में ओकरा गोली लागल , जवना से ओकर मउत हो गईल। ओहिजे एह मुठभेड़ में ओकर एगो साथी कोहरा के फायदा उठावत फरार हो गईल।

फिरोजाबाद के लाइन पार थाना क्षेत्र के गैंगस्टर विनय श्रोतिय के जिला जेल से 13 जुलाई 2022 के दीवानी में पेशी खातिर लियावल गईल रहे । गैंगस्टर दीवानी से अपना साथियन के मोटरसाइकिल पs बईठ के फरार हो गईल रहे । उ ओकरा संगे आईल सिपाही के गाच्चा दे देले रहे । पुलिस के संगे-संगे एसटीएफो ओकरा खोज में लागल रहे । बाकिर ,उ हाथे ना लागत रहे | ओकरा पs 50 हजार का इनामो घोषित कइल गईल रहे ।

थाना सिकंदरा के प्रभारी निरीक्षक आनंद कुमार शाही बतवले कि बुधवार के भोरहीं पुलिस के एह बाति के खबर मिलल कि बदमाश अपना एगो संगी के संगे बाइक से जा रहल बा ।
एह पs एसटीएफ और सिकंदरा पुलिस ओकर पीछा कइलस । ओही घरी घेराबंदी कर लिहल गईल । सिकंदरा में गांव अकबरा रोड पs ओकरा के घेर लिहल गईल । बाकिर, बदमाश पुलिस पार्टी पर फायरिंग सुरु कई देलस । पुलिसो जवाबी कार्रवाई कईलस। एही में एगो बदमाश के गोली लागल, जबकि ओकर साथी फरार हो गइल। घटना के समय कोहरो रहे एह से साफ कुछो ना लउकत रहे जब पुलिस ओहिजा पहुंचल तs देखलस ओह बदमाश के सीना में गोली लागल बा । ओकरा के जल्दीबाजी में अस्पताल लेके भागल , जहवाँ ओकरा के डॉक्टर लोग उसे मुअल घोषित कई दिहल। मृतक के पहचान विनय के रूप में भईल । लाश को पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गईल बा । पुलिस ओकरा परिजन के सूचना दे देले बिया।

कई राज्यन के पुलिस करत रहे विनय के तलाश

गैंगस्टर विनय श्रोतिय के थाना न्यू आगरा पुलिस गिरफ्तार कइके जेल भेजले रहे ।बाकिर , उ पेशी पs सिपाही के संगे बहाना बनाइके वकील के चैंबर पर गइल आ अपना साथियन के पहिलहीं से बोला के रखले रहे । एही बिच उ अचानके ओहिजा से सिपाही के गाचा देई के भाग गईल रहे । ओह घरी जवन सिपाही ओकरा संगे रहे उ अपना बयान में बदमाश के हमला कइके भागे के बाति कहले रहे सूचना पs पहुंचल पुलिस ओकर जब तलाशी लेले रहे , लेकिन ओकरा हाथे कुछो सुराग ना लागल रहे । ओकरा तलाश में पुलिसन के कुल्ह कई टीम लागल रहे जवना में फिरोजाबाद, एटा अउरी अलीगढ़ जनपद के संगही दिल्ली, जयपुर, गुरुग्राम, मुरैनो में दबिश देले रहे । बाकिर, उ हाथे ना आईल रहे ।

एह लोगन के भईल रहे गिरफ्तारी

गैंगस्टर विनय श्रोत्रिय 13 जुलाई के दीवानी परिसर से भाग गईल रहे । पुलिस लापरवाही बरते वाला सिपाही आ घटना के बादे सोझा आईल सोनू के गिरफ्तार कईले रहे । सिपाही के जमानत मिल गईल रहे , जबकि सोनू के जेल भेजल गईल रहे । एकरा बादे दू गो आरोपी फिरोजाबाद के रहे वाला मुनेश आ नीरज के गिरफ्तारी ओ घरी भईल रहे । ओ दूनो अपराधियन से फरारी के बाद विनय बात कइले रहले । लगातार ओकरा संपर्क में रहले सs। फेरु फिरोजाबाद निवासी राहुल कश्यप और पिंटा उर्फ शिवराम यादव को जेल भेजल गईल रहे । इ दुनो लोग विनय के फरार करावे में सहयोग कइले रहे । बाद में राहुल कश्यप के माइयो मीना के गिरफ्तार कईल गईल । पूछताछ में पता चलल रहे कि मीना के राहुल विनय के फरार करावे के बारे में बता देले रहे । घटना से पहिले अउरी बाद में उहो ओह साजिश में ओह लोगन के साथ देले रहली । एगो अउरी साथी रिषभ कोर्ट में जाई आतम समर्पण कई देले रहे ।

पिस्टल आ बाइक भईल बरामद

थाना सिकंदरा के प्रभारी निरीक्षक आनंद कुमार शाही मीडिया से बात करत बतवले कि विनय श्रोतिया जनपद फ़िरोज़ाबाद के रहे वाला रहे ,जेकरा खिलाफे 50 से बेसी मुक़दमन के भरमार बा जवन कि अलगा-अलगा थाना में पंजीकृत बा । एकरा लगे से एगो पिस्टल, एगो तमंचा अउर एगो पल्सर मोटर साइकल बरामद भईल बा। फ़ोटो साभार: अमर उजाला

435980cookie-checkदीवानी से फरार भईल 50 हजार के इनामी गैंगस्टर विनय श्रोत्रीय आज तड़के सुबह पुलिस मुठभेड़ में भईल ढ़ेर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.