गोपालगंज के फलवरिया थाना क्षेत्र स्थित बथुआ बाजार में बम धमाका भइल। हादसा में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल। जबकि कई लोग जख्मी बा। आशंका जाहिर कइल जा रहल बा कि ब्लास्ट पटाखा बनवले के दौरान भइल बा। मौका पs एसपी रवाना हो गइल बानें। मृतक की पहचान अलीम मियां के रूप में कइल गइल। पुलिस धमाका आला जगह के घेराबंदी सुरू कs देहले बा। घायलन के पुलिस अउर स्थानीय लोग की मदद से अस्पताल पहुंचावल गइल ह। एह मामला में विस्तृत जानकारी के अगोरा कइल जा रहल बा|
गोपालगंज में बम धमाका, एगो के मौत, कई घायल
Published on: Mar 9, 2022
गोपालगंज के फलवरिया थाना क्षेत्र स्थित बथुआ बाजार में बम धमाका भइल। हादसा में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल। जबकि कई लोग जख्मी बा। आशंका जाहिर कइल जा रहल बा कि ब्लास्ट पटाखा बनवले
Share
Tags:
Share this article






