बंगाल के मुर्शिदाबाद में दु समूहन के बीच भड़कल हिंसा, कई इलाकन में 163 लागू, इंटरनेट भी बंद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2024

    पश्चिम बंगाल के मुर्शीदाबाद जिला एक बेर फेर साम्प्रदायिक हिंसा के लेके खबर में बा। मुर्शीदाबाद के बेलडांगा इलाका में दू गो समूह के लोग के बीच झड़प हो गइल जवना के बाद

Share

बंगाल के मुर्शिदाबाद में दु समूहन के बीच भड़कल हिंसा

 

 

पश्चिम बंगाल के मुर्शीदाबाद जिला एक बेर फेर साम्प्रदायिक हिंसा के लेके खबर में बा। मुर्शीदाबाद के बेलडांगा इलाका में दू गो समूह के लोग के बीच झड़प हो गइल जवना के बाद अधिकारियन के इलाका में निषेधात्मक आदेश देबे के पड़ल. जानकारी के मुताबिक इs झड़प डिजिटल डिस्प्ले बोर्ड पs कथित तौर पs आपत्तिजनक संदेश के लेके भईल बा। पुलिस एs झड़प में 15 लोग के गिरफ्तार कs लेले बिया। एह पूरा मामला के बारे में जानीं।

झड़प कईसे शुरू भईल?

बेलडांगा में भईल झड़प में कुछ लोग के मामूली चोट पहुंचल एगो पुलिस अधिकारी जानकारी देले बाड़े। प्रभावित इलाका में इंटरनेट सेवा भी बंद कs दिहल गईल बा। दुनो समूह के बीच झड़प तब शुरू भईल जब कार्तिक पूजा पंडाल के नजदीक एगो गेट पs लगावल डिस्प्ले बोर्ड पs लिखल संदेश के बारे में एक समूह के लोग के पता चलल। पुलिस के कहल बा कि एह झड़प में शामिल कथित 15 लोग के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.