Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आगरा में गिरल जर्जर इमारत, मचल चीख-पुकार; दु लोगन के घायल होखे के सूचना

289

शाहगंज बाजार में इस्थित गोवर्धन बेकरी के इमारत मंगर के भोरे गिर गइल। बतावल जा रहल बा कि इमारत बहुत पुरान रहे, जवन बरखा के वजह से गिर गइल।

आगरा के शाहगंज बाजार में जर्जर इमारत धाराशाई हो गइल। हादसा सबेरे तड़का भइल। इमारत के गिरे के संगे भइल धमाका के सुनके लोगन में दहशत फइल गइल। सूचना पs थाना पुलिस मवका पs पहुंच गइल। एह इमारत के गिरला से दु लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। पुलिस तुरंते दुनु घायलन के उपचार खातिर अस्पताल भेजल गइल।

शाहगंज बाजार में इस्थित गोवर्धन बेकरी के इमारत मंगर के भोरे गिर गइल। बतावल जा रहल बा कि ई इमारत बहुत पुरान रहे, जवन बरखा के वजह से गिर गइल। सूचना मिलतही तत्काल इंस्पेक्टर शाहगंज मवका पs पहुंच गइलें। घायल भइल दु लोगन के तत्काल उपचार खातिर अस्पताल भेजल गइल बा।
गनीमत ई रहल कि ई इमारत जब भोरे गिरल तब ऊहा भीड़ भाड़ ना रहे। दिन में एह जगह पs बहुते लोग रहेला। जदि ई इमारत दिन के समय गिरल रहित तs बड़ हादसा हो सकत रहे।

593290cookie-checkआगरा में गिरल जर्जर इमारत, मचल चीख-पुकार; दु लोगन के घायल होखे के सूचना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.