आगरा में गिरल जर्जर इमारत, मचल चीख-पुकार; दु लोगन के घायल होखे के सूचना

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2023

शाहगंज बाजार में इस्थित गोवर्धन बेकरी के इमारत मंगर के भोरे गिर गइल। बतावल जा रहल बा कि इमारत बहुत पुरान रहे, जवन बरखा के वजह से गिर गइल। आगरा के शाहगंज बाजार में जर्जर

Share

शाहगंज बाजार में इस्थित गोवर्धन बेकरी के इमारत मंगर के भोरे गिर गइल। बतावल जा रहल बा कि इमारत बहुत पुरान रहे, जवन बरखा के वजह से गिर गइल।

आगरा के शाहगंज बाजार में जर्जर इमारत धाराशाई हो गइल। हादसा सबेरे तड़का भइल। इमारत के गिरे के संगे भइल धमाका के सुनके लोगन में दहशत फइल गइल। सूचना पs थाना पुलिस मवका पs पहुंच गइल। एह इमारत के गिरला से दु लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। पुलिस तुरंते दुनु घायलन के उपचार खातिर अस्पताल भेजल गइल।

शाहगंज बाजार में इस्थित गोवर्धन बेकरी के इमारत मंगर के भोरे गिर गइल। बतावल जा रहल बा कि ई इमारत बहुत पुरान रहे, जवन बरखा के वजह से गिर गइल। सूचना मिलतही तत्काल इंस्पेक्टर शाहगंज मवका पs पहुंच गइलें। घायल भइल दु लोगन के तत्काल उपचार खातिर अस्पताल भेजल गइल बा।
गनीमत ई रहल कि ई इमारत जब भोरे गिरल तब ऊहा भीड़ भाड़ ना रहे। दिन में एह जगह पs बहुते लोग रहेला। जदि ई इमारत दिन के समय गिरल रहित तs बड़ हादसा हो सकत रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.