UP News: यूपी के एह धार्मिक शहरन में उड़नखटोला से मंदिरन के दर्शन करिहें श्रद्धालु, पढ़ी कहां बनी स्टेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2024

Mathura Vrindavan: राधारानी बरसाना मंदिर के दर्शन श्रद्धालु रोप-वे से कऽ सकिहें। एकरा खातिर सफल ट्रॉयलो हो चुकल बा। जलदिए ई सुविधा शुरू हो जाई। अब उत्तर प्रदेश ब्रज तीर्थ विकास परिषद ठाकुर बांकेबिहारी वैष्णो देवी

Share

Mathura Vrindavan: राधारानी बरसाना मंदिर के दर्शन श्रद्धालु रोप-वे से कऽ सकिहें। एकरा खातिर सफल ट्रॉयलो हो चुकल बा। जलदिए ई सुविधा शुरू हो जाई। अब उत्तर प्रदेश ब्रज तीर्थ विकास परिषद ठाकुर बांकेबिहारी वैष्णो देवी श्रीकृष्ण जन्मस्थान द्वारकाधीश मंदिर के सफरो के आसान करे जा रहल बा। एकरा खातिर रोप-वे सुविधा के योजना तइयार कइल जा रहल बा।

कान्हा के नगरी में देश-दुनिया से श्रद्धालु आ रहल बाड़े। श्रद्धालुअन खातिर आवागमन बेहतर कइल जा रहल बा। बरिस 2016 में मथुरा-वृंदावन विकास प्राधिकरण बरसाना में रोप-वे के संचालन खातिर राधारानी रोपवे नई दिल्ली के साथे अनुबंध कइले रहे।

करीब 15 करोड़ के ई परियोजना पीपीपी मॉडल पs क्रियान्वित कइल गइल बा। करीब आठ वर्ष से कई प्रकार के बाधा के बादो अब ई परियोजना पूरा हो सकल। ट्रॉयल शुरू कइल गइल बा। जलदिए राधारानी मंदिर के दर्शन श्रद्धालु रोप-वे से कऽ सकिहें।

भविष्य में श्रद्धालु वृंदावन आ मथुरा के मंदिरन के दर्शन सड़क मार्ग के स्थान पs रोप-वे से कऽ सकस, एकरा खातिर उत्तर प्रदेश ब्रज तीर्थ विकास परिषद रोप-वे के तैयारी कर रहल बा। उत्तर प्रदेश ब्रज तीर्थ विकास परिषद नेशनल रोपवे डेवलपमेंट प्रोग्राम के तहत रोड ट्रांसपोर्ट एंड हाईवे मिनिस्ट्री के साथे मिलके वृहद रोप-वे के प्रस्ताव तइयार कइले बा।

रोप-वे के प्लान तीन चरण में पूरा होई।

पहिला चरण में ई छटीकरा मार्ग पs वैष्णो देवी मंदिर से शुरू होके बांकेबिहारी जी मंदिर होके दारुक पार्किंग तक जाई। एह बीच चंद्रोदय मंदिर, मल्टीलेवल पार्किंग, प्रेम मंदिर, इस्कान मंदिर, अटल्ला चुंगी तक आठ स्टेशन बनावल जाई। प्रथम फेस के रोपवे के यात्रा आठ स्टेशन से गुजरत 32 मिनट में पूरा होई। एकर स्पीड छह मीटर प्रति सेकेंड रही। 1500 से 2000 व्यक्ति प्रति घंटा रोपवे में सफर कऽ सकिहें। दूसरका चरण में रामताल पार्किंग आ वृंदावन बाइपास तक एकर विस्तार कइल जाई। तृतीय चरण में एकरा के मथुरा तक फइलावल जाई। एहमें बिरला मंदिर, द्वारकाधीश आ श्रीकृष्ण जन्म स्थान तक रोप-वे पहुंची  एकर ऊंचाई मास्टर प्लान में निर्धारित भवन निर्माण के अनुमति से 10 मीटर ऊंच होई। प्रथम चरण के प्रस्तावित लंबाई 7.9 किमी बा। एह तरे पहिला चरण में लगभग 600 से 800 करोड़ रूपिया लागत के संभावना बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.