OTS योजना के आज अंतिम दिन, नगर निगम गोरखपुर में 133 बकायदारन के 150 करोड़ बकाया: कर न जमा कइला पs सील होई संपत्ति

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 31, 2023

गोरखपुर नगर निगम में 133 लोगन पs 150 करोड़ रुपिया से जादे के संपत्ति कर बकाया बा। 31 दिसंबर तक एकमुश्त समाधान योजना OTS में बकायेदार भुगतान ना कइलाlस तs निगम सब बकायेदारन पs कार्रवाई

Share

गोरखपुर नगर निगम में 133 लोगन पs 150 करोड़ रुपिया से जादे के संपत्ति कर बकाया बा। 31 दिसंबर तक एकमुश्त समाधान योजना OTS में बकायेदार भुगतान ना कइलाlस तs निगम सब बकायेदारन पs कार्रवाई करे के तइयारी कs रहल बा। नगर निगम के बकायेदारन के सूची में सरकारी आ निजी दुनो श्रेणी के लोग बा। जे संपत्ति कर (गृहकर, जलकर, सीवर) ना जमा कs के एह योजना से दूरी बनवले बा। नगर निगम ओह लोगन से टैक्स में छूट के संगे बिल जमा करे के अपील कs रहल बा।

बड़ बकाएदारन के संपत्ति होई सील

लोगन के सुविधा खातिर नगर निगम कावर से “आपके द्वार” योजना चलावल जा रहल बा। रोजाना कैंप लगावल जा रहल बा, एकरा बादो बकाएदार भुगतान नइखे करत लो। OTS के अंतिम दिन बीतला के बाद नगर निगम बकाएदारन के सूची की तइयार करी। सूत्रन के अनुसार बड़े बकाएदारन के संपत्ति सील करे के कार्रवाई कइल जा सकत बा।

शहर के बड़ बकाएदार

  • इमामबाड़ा गर्ल्स डिग्री कॉलेज-36,15,000 रुपए।
  • डीएवी कॉलेज, सचिव, मुफ्तीपुर-18,63,437 रुपए।
  • सैय्यद मजहर अली शाह आलम, मियां बाजार- 20,76,088 रुपए।
  • लक्ष्मी मिश्रा, (कृष्णापति मिश्रा-मृत्युंजय हॉस्पिटल)- 6,74,646 रुपए।
  • कृष्ण चंद आ आउर (कैलाश होटल)- 6,16,279 रुपए।

घर के बगल वाला कैंप में जमा कs दीं टैक्स

नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बकाएदारन से अपील कइले बाड़ें कि जनसुविधा खातिर अलग-अलग वार्डन में कैंप लगावल जा रहल बा। एकरा पीछे के मंशा बा कि शहर के लोगन के कर जमा करे में दिक्कत ना हखे। घर के बगल में कैंप लगावे से आसानी से लोग कर के भुगतान कs सकी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.