Noida Crime: सिरफिरा के महिला के जन्मदिन पऽ गिफ्ट भेजल पड़ गइल भारी, पुलिस दर्ज कइलस मुकदमा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 4, 2024

Noida Crime: नोएडा के थाना सेक्टर-142 क्षेत्र के सोसायटी में एगो महिला के गिफ्ट भेजल एगो सिरफिरा के भारी पड़ गइल। पीड़िता के मोताबिक आरोपित सोसायटी में रहेला। उऽ अलग-अलग नंबर से फोन कर के

Share

Noida Crime: नोएडा के थाना सेक्टर-142 क्षेत्र के सोसायटी में एगो महिला के गिफ्ट भेजल एगो सिरफिरा के भारी पड़ गइल। पीड़िता के मोताबिक आरोपित सोसायटी में रहेला। उऽ अलग-अलग नंबर से फोन कर के महिला के परेशान करेला। पीड़ित महिला पुलिस में सिकायत दर्ज करवली। महिला कहली कि ओकरा परिवारो के शिकायत कइल गइल बाकिर आरोपित माने के तैयार नइखे।

सेक्टर-137 इस्थित एगो सोसायटी के महिला दर्ज करावल एफआईआर में बतवली कि उनका सोसायटी के ओही टावर में जवना मे पीड़िता रहेली ओहिमे देवेंद्र शर्मा नामक व्यक्ति रहेला। आरोप बा कि देवेंद्र शर्मा जबरन बात करे के परयास करेला।

इहे ना रोजाना अलग-अलग नंबर से फोन काल करेला। 31 मई के जन्मदिन के दिन आरोपित पीड़िता के पति के गैरमौजूदगी में गार्ड के द्वारा गिफ्ट भेजववलस। पीड़िता के मोताबिक आरोपित के हरकतन के बारे में ओकरा परिवार के लोगन से शिकायत कइल जा चुकल बा।

बावजूद एकरा आरोपित माने के तैयार नइखे। आरोपित के समझवला के बाद पीड़िता पुलिस (Noida Police) में शिकायत कइली। कोतवाली प्रभारी विनीत राणा के कहनाम बा कि पीड़िता के शिकायत पs मुकदमा दर्ज कऽ लिहल गइल बा। जांच के बाद कार्रवाई कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.