मेधावी छात्र-छात्रा लोगन के ग्राम प्रधान द्वारा कइल गइल सम्मानित

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2023

कपरवार/अरविंद सिंह: सुक के आयोजित प्रतिभा सम्मान समारोह के सुभारंभ मुख्य अतिथि ग्राम प्रधान नीलू गुप्ता, कार्यक्रम अध्यक्ष प्रबंधक राणा प्रताप सिंह मां सरस्वती के चित्र पs माल्यार्पण कs के कइल लो। प्रतिभन के सम्मानित

Share

कपरवार/अरविंद सिंह: सुक के आयोजित प्रतिभा सम्मान समारोह के सुभारंभ मुख्य अतिथि ग्राम प्रधान नीलू गुप्ता, कार्यक्रम अध्यक्ष प्रबंधक राणा प्रताप सिंह मां सरस्वती के चित्र पs माल्यार्पण कs के कइल लो।

प्रतिभन के सम्मानित करे के क्रम में विद्यालय प्रधानाचार्य शम्भू शरण सिंह कहलें कि जिनगी में सफल होखे खातिर छात्रन के लक्ष्य निर्धारित करे आ ओकरा प्रति दृढ़ संकल्प के संगे काम करे के आवश्यकता बा। सफलता खातिर आपन समय के प्रबंधन कइल  जरूरी बा एहिसे जदि रउआ जीनगी में सफल होखल चाहत बानी तs समय प्रबंधन आ कठिन परिश्रम के गुण सीखीं।

शारदा सीताराम इंटरमीडिएट कॉलेज कपरवार में प्रतिभा सम्मान समारोह के आयोजन कइल गइल। एह दौरान ग्राम प्रधान नीलू गुप्ता सत्र 2022-23 में अपना मेधा के परचम लहरावे वाला विद्यालय टॉपर यूकेजी के छात्र मानस मिश्रा, नर्सरी में पहिला अर्पिता गुप्ता, एलकेजी में शिवांश कन्नौजिया, यूकेजी में प्रत्यूष मिश्रा, दुसरा में रोहित सिंह, सूर्यान्श मिश्रा, अन्नू आ तीसरा में आरुषि गोंड, मान्शी रावत, अर्नव सिंह आ सर्वश्रेष्ठ उपस्थित में कक्षा 9 के छात्रा प्रियंका सिंह पहिला, कक्षा 6 के छात्रा अन्नू यादव दुसरा, कक्षा 8 के छात्रा अंकिता सिंह सहित अभिवावक जय प्रकाश मिश्रा के मेडल प्रदान कs के सम्मानित कइल गइल।

एह दौरान मानवेन्द्र त्रिपाठी, संजय गौतम, महेश्वर मिश्रा, नागेंद्र राय, विशाल वर्मा, डीके विश्वकर्मा, सुनीता सिंह, रंजना मिश्रा, जागृति श्रीवास्तव, संध्या यादव, रीतू विश्वकर्मा, आकांक्षा दुबे, चंदा विश्वकर्मा सहित आउर लोग मवजूद रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.