Manipur Violence: मणिपुर में तीन उग्रवादी गिरफ्तार, पुलिस जब्त कइलस चीनी हैंड ग्रेनेड सहित कई गो हथियार; सर्च ऑपरेशन जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2024

Manipur Violence: मणिपुर लम्बा समय से हिंसा के आग में जल रहल बा। एह हिंसा के रोके खातिर केंद्र सरकारो प्रयासरत बिया। मिलल जानकारी के अनुसार सुरक्षा बल 14 जून के तेंगनौपाल जिला के लामलोंग

Share

Manipur Violence: मणिपुर लम्बा समय से हिंसा के आग में जल रहल बा। एह हिंसा के रोके खातिर केंद्र सरकारो प्रयासरत बिया। मिलल जानकारी के अनुसार सुरक्षा बल 14 जून के तेंगनौपाल जिला के लामलोंग गांव के निकट शांटोंग से तीन घाटी आधारित विद्रोहियन के गिरफ्तार कइलस। तलाशी अभियान में सुरक्षा बल एगो 7.62 एमएम एके 56 असॉल्ट राइफल सहित कई गो हथियार जब्त कइले बा।

एमें कहल गइल बा कि सुरक्षा बल 14 जून के तेंगनौपाल जिलो के लामलोंग गांव के निकट शांटोंग से तीन घाटी आधारित विद्रोहियन के गिरफ्तार कइलस।

सोमार रात जारी बयान में इहो कहल गइल बा कि “राज्य में इस्थिति नियंत्रण में बा” आ सुरक्षा बल कानून-व्यवस्था बनाए राखे खातिर तलाशी अभियान चला रहल बाड़े।

कांगपोकपी जिलो के गंगपीजांग पर्वतीय क्षेत्र में ऐतवार के चलावल गइल एगो अलग तलाशी अभियान में सुरक्षा बल एगो 7.62 एमएम एके 56 असॉल्ट राइफल, एगो पीटी 22 राइफल, एगो 12 इंच के सिंगल बोर बैरल बंदूक, दु गो इंप्रोवाइज्ड प्रोजेक्टाइल लांचर, एगो चीनी हैंड ग्रेनेड, एगो देशी हैंड ग्रेनेड, एगो 51 एमएम मोर्टार आ जिंदा गोला-बारूद जब्त कइलस।

बयान में इहो कहल गइल बा कि असम आ मणिपुर के पुलिस अधिकारी शनिचर के क्षेत्र के मौजूदा हालात के संबंध में असम-मणिपुर सीमा पs जिरीबाम में एगो संयुक्त बैठक कइलस।

बराक आ जीरी नदियन के पूरा तटीय क्षेत्र में नियमित गश्त आ क्षेत्र वर्चस्व बढ़ा दिहल गइल बा।

बयान में जनता से अपील कइल गइल बा कि “लूटल गइल हथियार, गोला-बारूद आ विस्फोटक तुरंत पुलिस भा निकटतम सुरक्षा बलन के लउटा दिहल जाव।”

एमें कहल गइल बा कि सुरक्षा बल एनएच-37 आ एनएच-2 पs आवश्यक वस्तुअन के साथे क्रमशः 117 आ 378 वाहनन के आवाजाही सुनिश्चित कइलस। सब संवेदनशील स्थानन पs कड़ा सुरक्षा उपाय कइल गइल बा आ वाहनन के स्वतंत्र आ सुरक्षित आवाजाही सुनिश्चित करे खातिर संवेदनशील हिस्सन में सुरक्षा काफिला मुहैया करावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.