रामलीला में राम बनल सुशील कौशिक के मंच पs हार्ट अटैक, दरद से तड़पत स्टेज पs तुड़ले दम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2024

    शनिचर के दिने नवरात्रि के दौरान पूर्वी दिल्ली के झिलमिल कालोनी में स्थित श्री रामलीला समिति में सीता स्वयं के लीला चलत रहुवे जब राम के भूमिका निभावे वाला सुशील कौशिक के दिल

Share

30 सालन से रामलीला कमेटी के सदस्य रहले सुशील कौशिक: फोटो

 

 

शनिचर के दिने नवरात्रि के दौरान पूर्वी दिल्ली के झिलमिल कालोनी में स्थित श्री रामलीला समिति में सीता स्वयं के लीला चलत रहुवे जब राम के भूमिका निभावे वाला सुशील कौशिक के दिल के दौरा पड़ गइल आ उनकर निधन हो गइल. जानकारी के मुताबिक सुशील कौशिक पछिला 30 साल से श्री रामलीला समिति के हिस्सा रहले अवुरी हमेशा राम के भूमिका निभावत रहले।

 

सुशील कौशिक के मंच पs ही हार्ट अटैक हो गईल रहे

मंच पs बोलत घरी सुशील कौशिक कहत बाड़न कि ‘शिव धनुष, एह विशाल जमघट में हमार इज्जत राखऽ’ आ ई कहते एक हाथ छाती पs राख के दरद से मंच से पीछे गिर गइले. एकरा चलते मैदान में मौजूद सभे चौंक गइल अवुरी चुप्पी साध लिहल। केहु के समझ में नईखे आवत कि का भईल। दर्शकन में सुशील कौशिक के पत्नी, बेटा, बेटी आ भाई सबसे आगे बईठल रहले।

कैलाश दीपक के अस्पताल पहुंचावल गईल

घटना के तुरंत बाद उनुका के कैलाश दीपक अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। सुशील कौशिक के निधन से राम लीला के तमाम कलाकार चौंक गईले अवुरी लीला के मंचन भी बंद हो गईल। 55 साल के सुशील झिलमिल के शिवखंड में अपना परिवार के संगे रहत रहले। उs मूल रूप से हापुड़ के निवासी रहले। सुशील पेशे से प्रॉपर्टी डीलर रहले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.