केसर पान मसाला के मालिक के पत्नी के मउत, आगरा एक्सप्रेस-वे पs भइल हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2024

  उत्तर प्रदेश के मैनपुरी में सड़क दुर्घटना में केसर पान मसाला कंपनी के मालिक के पत्नी के मउत हो गईल। आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs टायर फटला के चलते कार पलट गईल। एह हादसा में प्रीति

Share

 

उत्तर प्रदेश के मैनपुरी में सड़क दुर्घटना में केसर पान मसाला कंपनी के मालिक के पत्नी के मउत हो गईल। आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs टायर फटला के चलते कार पलट गईल। एह हादसा में प्रीति मखीजा बहुते घायल हो गइली. सैफई मेडिकल कॉलेज में डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले।

कार के टायर फाट गईल

असल में केसर पान मसाला के मालिक हरीश मखीजा किया कार्निवल, बीएमडब्ल्यू अवुरी मर्सिडीज में अपना पत्नी अवुरी दोस्त के संगे आगरा जात रहले। कार्निवल कार में हरीश मखीजा, पत्नी प्रीति मखीजा, शराब व्यापारी तिलक राज शर्मा के पत्नी अवुरी व्यापारी दीपक कोठारी के पत्नी दीप्ति कोठारी रहली।

माइलस्टोन-79 के लगे गाड़ी के टायर फाट गईल। एs दुर्घटना में शराब व्यापारी के पत्नी भी गंभीर रूप से घाही हो गईल बाड़ी, जबकि हरीश, दीप्ती अवुरी चालक भी घायल बाड़े। सभे घाही के इलाज सैफई मेडिकल कॉलेज में चलता। जानकारी मिलते डीएम-एसपी अवुरी जिला के वरिष्ठ अधिकारी मेडिकल कॉलेज पहुंचले।

दुर्घटना में तीन लोग घायल हो गईले। घाही में कार चालक अनुराग रावत (35), प्रीति मखीजा (55) पत्नी हरीश मखीजा, हरीश मखीजा (56), दीप्ति कोठारी (54) पत्नी दीपक कोठारी और दीपक कोठरी (55) बाड़े। हरीश मखिजा के पत्नी प्रीति मखीजा (55) के सैफई मेडिकल यूनिवर्सिटी में इलाज के दौरान मउत हो गईल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.