पूर्वी लद्दाख से भारत-चीनी सेना के हटल सुरू: 4 दिन पहिले समझौता भइल, पेट्रोलिंग पs सहमति बनल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 25, 2024

पूर्वी लद्दाख सेक्टर में डेमचोक आ देपसांग से भारत आउर चीन के सैनिकन के वापसी सुरू हो गइल बा। 4 दिन पहिले के दुनो देसन के बीच बड़ समझौता भइल रहे। दुनो देसन के बीच

Share

चीन के सीमा से लागल LAC पs तैनात भारतीय सेना- फाइल फोटो

पूर्वी लद्दाख सेक्टर में डेमचोक आ देपसांग से भारत आउर चीन के सैनिकन के वापसी सुरू हो गइल बा। 4 दिन पहिले के दुनो देसन के बीच बड़ समझौता भइल रहे। दुनो देसन के बीच भइल समझौतन के मोताबिक भारतीय सैनिक आपन गाड़ी, गोला-बारूद वापस ले आवल सुरू कs देले बा लो।

न्यूज एजेंसी ANI के मोताबिक भारतीय सैनिकन के वापसी के जानकारी सुक के मिलल। एकरा पहिले बिदेस मंत्री एस जयशंकर कहले रहस कि भारत आ चीन में सीमा पs 21 अक्टूबर के पेट्रोलिंग सिस्टम के लेके समझौता भइल बा। एसे मई, 2020 (गलवान टकराव) से पहिले के इस्थिति वापस आ जाई।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक 21 अक्टूबर के दुनो देसन के कोर कमांडर सबेरे 4:30 बजे फाइनल एग्रीमेंट पs दस्तखत कइले रहे लो। एकरा बाद से दुनो देसन के सेना छोट-छोट टुकड़ियन में पीछे हटे लागल रहे।

10 दिन के अंदर सुरू हो सकत बा पेट्रोलिंग

टाइम्स ऑफ इंडिया के एगो रिपोर्ट के मोताबिक सैनिक कुछ टेम्परेरी स्ट्रक्चर जइसन टेंट आ शेड हटा देले बा लो, पूरा तरे से वापसी में कुछ समय लागी। एक बेर वापसी के बाद पेट्रोलिंग सुरू होई। जदि सब कुछ ठीक रहल तs पेट्रोलिंग 10 दिन के भीतर सुरू हो सकत बा।

भारतीय सेना उम्मीद जतवले बिया कि सैनिक अब देपसांग में पेट्रोलिंग पॉइंट 10, 11, 11A, 12 आ 13 तक जा सकी लो। एमे नॉर्थ में दौलत बेग ओल्डी आ काराकोरम दर्रा के तरफ के 16 हजार फीट के ऊंचाई पs टेबल टॉप पठार सामिल बा।

एही तरे साउथ में डेमचोक के लगे चारडिंग निंगलुंग नाला ट्रैक जंक्शन से सैनिक हट रहल बा लो। ई उ इलाका हs जहां चीन के पीपुल्स लिबरेशन आर्मी  भारतीय इलाका में कुछ टेंट लगवले रहे लो।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.