IND vs WI : पहिला वनडे में बरखा के का बा अनुमान? अभी जान लीं तिरुवनंतपुरम के मौसम के हाल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ वेस्टइंडीज के बीच 3 मैचन के वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला आज अतवार के तिरुवनंतपुरम के ग्रीनफील्ड स्टेडियम में खेलल जाई। एह मैच के लेके फैंस में खूब उत्साह बा, काहेकि

Share

IND vs WI 1st ODI Thiruvananthapuram Weather Update

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ वेस्टइंडीज के बीच 3 मैचन के वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला आज अतवार के तिरुवनंतपुरम के ग्रीनफील्ड स्टेडियम में खेलल जाई। एह मैच के लेके फैंस में खूब उत्साह बा, काहेकि बहुत समय बाद रोहित शर्मा आ विराट कोहली एक संगे खेलत नजर आई लो। हालांकि मैच सुरू होखे से पहिले मौसम आ बरखा के लेके फैंस तनिका चिंतित बा लो। अब सब केहू के मन में सवाल बा कि का बरखा एह रोमांचक मुकाबला के मजा किरकिरा कs सकेला?

मैच के दिन कइसन रही तिरुवनंतपुरम के मौसम?

एक्यूवेदर के रिपोर्ट के मोताबिक, दुपहरिया 2 बजे से सुरू होखे वाला एह मुकाबला के दौरान बरखा के संभावना मात्र 15 फीसदी बा। हालांकि मैच से पहिले शहर के कुछ हिस्सा में हल्का बूंदाबांदी हो सकेला आ आसमान में बादल छाइल रह सकेला। फैंस खातिर राहत के बात ई बा कि पूरा मैच रद्द होखे के आशंका बहुत कम बा। हs, बीच में हल्का बरखा के चलते खेल कुछ देर खातिर रुक सकेला, बाकिर फैंस के जादे चिंता करे के जरूरत नइखे। उम्मेद बा कि दर्शक पूरा मैच के आनंद उठा सकी लो।

रोहित आ कोहली पर रही सभे के नजर

रोहित शर्मा आ विराट कोहली के फैंस एह मुकाबला के बड़ी बेसब्री से इंतजार करत बाड़ें। दुनो अनुभवी खिलाड़ी के मैदान पर उतरे से पूरा सीरीज अउरी रोमांचक हो गइल बा।

साल 2027 के वनडे वर्ल्ड कप के तैयारी के नजर से दुनो टीम खातिर ई सीरीज महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा। एह सीरीज में भारतीय टीम के कप्तानी युवा खिलाड़ी शुभमन गिल संभाल रहल बाड़ें, जबकि वेस्टइंडीज टीम के कमान शाई होप के हाथ में बा। दुनो टीम पहिला मुकाबला जीत के सीरीज में बढ़त बनावे के पूरा कोशिश करी।

30 सितंबर के खेलल जाई दूसरा वनडे

पहिला वनडे मुकाबला खतम होखला के बाद भारत आ वेस्टइंडीज के टीम दूसरा मैच खातिर गुवाहाटी रवाना होई। दूसरा वनडे 30 सितंबर के खेलल जाई, जबकि सीरीज के तीसरा आ आखिरी मुकाबला तीन अक्टूबर के न्यू चंडीगढ़ में होई। वनडे सीरीज खतम होखला के बाद दुनो टीम के बीच पांच मैचन के टी20 सीरीज खेलल जाई। भारत बनाम वेस्टइंडीज के पहिला वनडे मैच कब आ कहां लाइव देख सकत बानी, एकर जानकारी एह इहां फैंस के मिली।

वेस्टइंडीज के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया के स्क्वॉड

शुभमन गिल (कप्तान), रोहित शर्मा, विराट कोहली, ऋतुराज गायकवाड़, केएल राहुल (उपकप्तान), ध्रुव जुरेल, नितीश कुमार रेड्डी, रवींद्र जडेजा, कुलदीप यादव, प्रसिद्ध कृष्णा, गुरनूर बराड़, मोहम्मद सिराज, आकिब नबी, यशस्वी जायसवाल आ नमन धीर।

Read Also: Mens Kabaddi Gold Medal : एशियन गेम्स में मेंस कबड्डी टीम जीतलस गोल्ड, फाइनल में ईरान के 40-34 से हरवलस

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.