स्पोर्ट्स डेस्क। एशियन गेम्स 2026 में भारत के सानदार प्रदर्शन लगातार जारी बा। कबड्डी के एगो बेहद रोमांचक आ कांटेदार मुकाबला में भारतीय मेंस टीम ईरान के 40-34 से हराके गोल्ड मेडल अपना नामे कs लेलस। एह ऐतिहासिक जीत के संगे भारत ना खाली कबड्डी में आपन दबदबा कायम रखलस, बलुक एह टूर्नामेंट में देस खातिर चउथा स्वर्ण पदक हासिल कs लेलस।
पूरा मैच के दौरान भारतीय खिलाड़ी सानदार तालमेल आ ताकत के प्रदर्शन कइल लो, जवना के चलते मजबूत मानल जाये वाला ईरानी टीम के आखिर में हार के सामना करे के पड़ल। एहसे पहिले आज भारतीय महिला टीम कबड्डी में गोल्ड मेडल अपना नावे कs चुकल रहे।
हाफ टाइम तक ईरान के टीम आगे रहे
फाइनल मुकाबला के सुरुआते से दुनो टीम के बीच जबरदस्त टक्कर देखे के मिलल। ईरान के टीम सुरुआती मिनट में भारत के कड़ा चुनौती देलस। एह वजह से हाफ टाइम तक ईरान 18-17 से आगे रहे। बाकिर भारतीय खिलाड़ी सही समय पs जोरदार वापसी कइल लो। भारत के ओर से रेडिंग में अर्जुन देशवाल आक्रामक रुख अपनावत महत्वपूर्ण अंक बटोरलें। ओहिजा डिफेंस में सुमित आ राहुल के जोड़ी विपक्षी रेडरन के टिके ना देलस।
हालांकि, ईरान के स्टार खिलाड़ी शादलोई कुछ मवकन पs भारत पs दबाव बनावे के कोसिस कइलें, बाकिर भारतीय डिफेंस के रणनीति के आगे उनकर एक ना चलल। मैच के आखिरी छव मिनट में भारत बढ़त बना लेलस आ अंत तक एह बढ़त के कायम रखत 40-34 से मुकाबला अपना नावे कs लेलस।
महिलाे टीम लहरवलस परचम
पुरुष टीम के एह ऐतिहासिक जीत से पहिले भारतीय महिला कबड्डी टीम देस के मान बढ़वले रहे। महिला कबड्डी के फाइनल मुकाबला में भारत ईरान के 37-34 के करीबी अंतर से हराके गोल्ड मेडल पs कब्जा जमवलस। एके दिन कबड्डी के दुनो वर्ग महिला आ पुरुष में ईरान के हराके गोल्ड मेडल जीतल भारतीय खेल जगत खातिर एगो बड़ उपलब्धि बा। भारतीय महिला खिलाड़ी पूरा मुकाबला में धैर्य आ सानदार रणनीति के प्रदर्शन कइल लो।
भारत के खाता में 4 गोल्ड मेडल
एह जीत के संगे एशियन गेम्स 2026 में भारत के गोल्ड मेडल के संख्या चार हो गइल बा। ओहिजा, भारत मेडल टैली में 28 मेडल के संगे 10वां नंबर पs बा। एकरा से पहिले दिन में सावन बरवाल पुरुषन के मैराथन में इतिहास रचलें आ 2:11:37 के आपन अब तक के सबसे बढ़िया समय के संगे सिल्वर मेडल जीतलें। भारत के 44 साल बाद मेंस मैराथन में एशियन गेम्स के पहिला मेडल मिलल। स्क्वैश में जोशना चिनप्पा आ वेलवन सेंथिलकुमार मिक्स्ड डबल्स इवेंट में ब्रॉन्ज मेडल जीतल लो।
Read Also: UNGA 2026 : “आतंकवाद फइलावे वाला आपन हरकत सुधारे”- UNGA में जयशंकर के पाकिस्तान के चेतावनी







No comments yet. Be the first to comment!