Atul Subhash: अतुल सुभाष आत्महत्या ममिला में पत्नी निकिता गुरुग्राम से गिरफ्तार; मां-भाई प्रयागराज से धराइल लो

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 15, 2024

Atul Subhash: अतुल सुभाष आत्महत्या ममिला में पुलिस बड़ कार्रवाई कइले बिया। पुलिस मृतक के पत्नी निकिता सहित तीन लोगन के गिरफ्तार कs लेले बिया। पुलिस के मोताबिक, तीनों के सनीचर के सबेरे गिरफ्तार कs

Share

Atul Subhash - फोटो : ANI


Atul Subhash: अतुल सुभाष आत्महत्या ममिला में पुलिस बड़ कार्रवाई कइले बिया। पुलिस मृतक के पत्नी निकिता सहित तीन लोगन के गिरफ्तार कs लेले बिया। पुलिस के मोताबिक, तीनों के सनीचर के सबेरे गिरफ्तार कs के बंगलूरू ले आवल गइल। इहां तीनो के स्थानीय अदालत में पेश कइल गइल। एकरा बाद कार्ट तीनो के 14 दिनन के न्यायिक हिरासत में भेज देले रहे.

डीसीपी व्हाइट फील्ड डिवीजन (बंगलूरू) शिवकुमार बतवलें कि अतुल सुभाष आत्महत्या मामले में आरोपी निकिता सिंघानिया के गुरुग्राम (हरियाणा) से गिरफ्तार कइल गइल रहे। आरोपी निशा सिंघानिया आ अनुराग सिंघानिया के प्रयागराज से गिरफ्तार कइल गइल बा। दुनों के कोर्ट में पेश कइल आ न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल।

एह कृष्ण भजन के एक बेर जरुर सुनीं: Bhor Bhail Mohan|भोर भइल मोहन| @theshalinidubey |folk | Krishna Bhajan | Yayawari Via Bhojpuri|

का बा Atul Subhash ममिला?

दरअसल, पत्नी आ ओकरा परिवार के प्रताड़ना आ दु बरिस में कोर्ट के 120 तारीख के बावजूद न्याय न मिलला के कारण बंगलूरू में कार्यरत 34 वर्षीय आईटी पेशेवर अतुल सुभाष मौत के गरे लगा लेले रहस। आत्महत्या के अंतिम विकल्प मानत अतुल दुनिया से जाये से पहिले करीब डेढ़ घंटा के वीडियो आ 24 पन्ना के सुसाइड नोट छोड़ले रहस, जेमे बियहल जिनगी के सामाजिक ताना के खामीं, साथी के लालच आ षड्यंत्र के दास्तां, कानूनी महकमा में भ्रष्टाचार के उजागर कइले रहस।

मराठाहल्ली पुलिस दर्ज कइले रहे एफआईआर

ममिला में मराठाहल्ली पुलिस अतुल के भाई विकास कुमार के शिकायत पs अतुल के पत्नी निकिता सिंघानिया सहित चार लोगन के खिलाफ बीएनएस के धारा 108 आ 3(5) के तहत एफआईआर दर्ज कइले रहली। निकिता सिंघानिया, उनकर मां निशा सिंघानिया, भाई अनुराग सिंघानिया आ चाचा सुशील सिंघानिया के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइल गइल रहे। सभे पुलिस से भागत फिरत रहे।

इहो पढ़ीं: One Nation One Election: 2034 तक देस में ना हो सकी एक संगे चुनाव, जानीं विधेयक के प्रस्तावन में का-का बा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.