सरकारी नौकरी : एयरफोर्स कॉमन एडमिशन टेस्ट के नोटिफिकेशन जारी; 12वीं पास के मौका, सैलरी डेढ़ लाख से जादे

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

भारतीय वायुसेना एयरफोर्स कॉमन एडमिशन टेस्ट (AFCAT) 2024 के नोटिफिकेशन जारी कइल गइल बा। एकरा माध्यम से वायुसेना के फ्लाइंग ब्रांच आ ग्राउंड ड्यूटी ब्रांच में 304 पदों पर भर्ती कइल जाई। एह पदन पs

Share

भारतीय वायुसेना एयरफोर्स कॉमन एडमिशन टेस्ट (AFCAT) 2024 के नोटिफिकेशन जारी कइल गइल बा। एकरा माध्यम से वायुसेना के फ्लाइंग ब्रांच आ ग्राउंड ड्यूटी ब्रांच में 304 पदों पर भर्ती कइल जाई।

एह पदन पs भर्ती खातिर म्मीदवार 30 मई से ऑफिशियल वेबसाइट afcat.cdac.in पs जाके आवेदन कs सकी लो। AFCAT में फाइनल सिलेक्शन पावे वाला उम्मीदवार जुलाई 2025 में सुरू होखे वाला कोर्सेस में सामिल होंई लो। कोर्स पूरा कइला के बाद वायुसेना में शॉर्ट सर्विस कमीशन प्रदान कइल जाई।

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

फ्लाइंग ब्रांच :

50% अंकन के संगे 12वीं साइंस स्ट्रीम (मैथ्स आ फिजिक्स) से पास होखे के चाहीं।

60% अंकन के संगे संगे /बीटेक पास।

ग्राउंड ड्यूटी (टेक्निकल )ब्रांच :

12वीं साइंस स्ट्रीम (मैथ्स और फिजिक्स) से 50% अंकन के संगे पास होखे के चाहीं
60% अंकों के साथ बीई/बीटेक पास।

ग्राउंड ड्यूटी (नॉन टेक्निकल) ब्रांच :

12वीं साइंस स्ट्रीम (मैथ्स और फिजिक्स) से 50% अंकन के संगे पास।
कवनो स्ट्रीम से ग्रेजुएशन/पोस्ट ग्रेजुएशन 60% अंकों न संगे पास।

आयु सीमा :

फ्लाइंग ब्रांच :

20 से 24 साल

ग्रांउड ड्यूटी :

20 से 26 साल के बीच

सिलेक्शन प्रोसेस :

  • लिखित परीक्षा
  • इंटरव्यू
  • मेडिकल टेस्ट

सैलरी :

56100 – 177500 रुपए प्रतिमाह।

एग्जाम पैटर्न :

AFCAT लिखित परीक्षा 300 अंकों के होई।
दु घंटा के की परीक्षा में 100 प्रश्न पूछल जाई।
एमे जनरल अवेयरनेस, वर्बल एबिलिटी इन इंग्लिश, न्यूमेरिकल एबिलिटी, रीजनिंग एंड मिलिट्री एप्टीट्यूड टेस्ट जइसन विषयन से संबंधित ऑब्जेक्टिव टाइप प्रश्न पूछल जाई

परीक्षा में निगेटिव मार्किंग होई। हर गलत उत्तर खातिर 1 अंक काटल जाई।

अइसे करीं आवेदन :

AFCAT के वेबसाइट afcat.cdac.in पs जाआईं।

होम पेज पs दिख रहल AF AFCAT 2 2024 लिंक पs क्लिक करीं।
फॉर्म में मांगल गई जानकारी भरीं।

सभी डॉक्यूमेंट्स स्कैन कs के अपलोड करीं।

फीस जमा कs के फॉर्म सबमिट कs दीं।

फॉर्म के प्रिंट आउट निकाल कs के रखीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.