West Bengal : नदिया में कांग्रेस नेता अनीसुर रहमान आ बेटा के हत्या, कार घेर के बदमाश कइलें सs हमला

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2026

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के नदिया जिला में स्वतंत्रता दिवस के रात एगो दिल दहला देवे वाला वारदात सामने आइल बा। नक्काशिपाड़ा थाना इलाका के बेथुआडहरी रेलवे फाटक के लगे अज्ञात हमलावर कांग्रेस के वरिष्ठ नेता

Share

Bangladesh violence as Hindu man Bajendra Biswas shot dead in Mymensingh district

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के नदिया जिला में स्वतंत्रता दिवस के रात एगो दिल दहला देवे वाला वारदात सामने आइल बा। नक्काशिपाड़ा थाना इलाका के बेथुआडहरी रेलवे फाटक के लगे अज्ञात हमलावर कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अनीसुर रहमान आ उनकर 24 साल के बेटा अबू सुफियान के हत्या कs देलें सs।

मिलल जानकारी के मोताबिक, बदमाश पहिले पिता-पुत्र के चार पहिया गाड़ी के घेर लेलें सs। एकरा बाद गाड़ी पs ताबड़तोड़ गोली चलावल गइल। हमला में गाड़ी रुकला के बाद बदमाश धारदार हथियार से पिता-पुत्र पs हमला कइलें सs।

खून जादे बहला से पिता-पुत्र के मौत

हमला में गंभीर रूप से घायल अनीसुर रहमान आ उनकर बेटा अबू सुफियान के घटनास्थले पs मौत हो गइल। घटना के बाद इलाका में हड़कंप मच गइल। सूचना मिलते नक्काशिपाड़ा थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ जांच सुरू कइलस।

पुलिस फिलहाल हत्या के कारण, हमलावरन के पहचान आ घटना के पीछे के साजिश सहित कइयन गो पहलूअन पs जांच कs रहल बिया।

टीएमसी नेता के इशारा पs साजिश के कांग्रेस के आरोप

घटना के बाद कांग्रेस नेता आ कार्यकर्ता गंभीर आरोप लगवले बा लो। कांग्रेस के दावा बा कि ई हत्या इलाका में दबदबा कायम करे के मकसद से करावल गइल हो सकेला।

कांग्रेस कार्यकर्तन के आरोप बा कि जेल में बंद तृणमूल कांग्रेस नेता जुब्बार शेख के इशारा पs हत्या के साजिश रचल गइल। हालांकि, एह आरोप के आधिकारिक पुष्टि अभी नइखे भइल। पुलिस जांच पूरा होखला के बादे घटना के पीछे के असली वजह साफ हो पाई।

अधीर रंजन चौधरी कइलें घटना के निंदा

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अधीर रंजन चौधरी घटना के कड़ा शब्द में निंदा कइले बाड़ें। ऊ राज्य सरकार के कानून- बेवस्था के दावा पs सवाल उठावत कहलें कि स्वतंत्रता दिवस जइसन मवका पs एह तरे के हिंसक वारदात नागरिक सुरक्षा आ राजनीतिक गतिविधि के आजादी पs गंभीर सवाल खड़ा करेला।

उनकर कहनाम बा कि राजनीतिक कार्यकर्ता आ आम नागरिक के सुरक्षा सुनिश्चित कइल सरकार के जिम्मेदारी बा।

कांग्रेस मनाई ‘काला दिवस’

नदिया दोहरा हत्याकांड के विरोध में प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष शुभंकर सरकार अतवार के पूरा पश्चिम बंगाल में ‘काला दिवस’ मनावे के घोषणा कइले बाड़ें।कांग्रेस के ओर से घटना के निष्पक्ष जांच आ दोषियन के जल्द गिरफ्तारी के मांग उठावल गइल बा।

पुलिस जांच में जुटल, कइयन गो सवाल बाकी

नक्काशिपाड़ा थाना पुलिस घटना के हर पहलू के जांच कs रहल बिया। पुलिस हमलावरन के पहचान करे, घटनास्थल से सबूत जुटावे आ हत्या के कारण पता करे के कोासिस में लागल बिया।

ई ममिला राजनीतिक रूप से बहुते संवेदनशील मानल जा रहल बा। फिलहाल पुलिस जांच के बादे साफ होई कि पिता-पुत्र के हत्या के पीछे निजी दुश्मनी, राजनीतिक विवाद भा दोसर कवनो वजह रहे।

Read Also: Ashish Banerjee Death : बंगाल के पूर्व डिप्टी स्पीकर आशीष बनर्जी के टीएमसी दफ्तर में फंदा से लटकल मिलल लाश, सुसाइड नोट बरामद

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.