Ashish Banerjee Death : बंगाल के पूर्व डिप्टी स्पीकर आशीष बनर्जी के टीएमसी दफ्तर में फंदा से लटकल मिलल लाश, सुसाइड नोट बरामद

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के बीरभूम जिला से एगो चउकावे वाला खबर सामने आइल बा। रामपुरहाट विधानसभा क्षेत्र से लगातार पांच बेर विधायक रहल आ ममता बनर्जी सरकार में मंत्री आ विधानसभा के पूर्व उपाध्यक्ष आशीष बनर्जी के लाश अतवार के सबेरे उनका घर के नजदीक इस्थित तृणमूल कांग्रेस कार्यालय में फंदा से लटकल मिलल।

75 साल के आशीष बनर्जी साल 2001 से 2026 तक रामपुरहाट विधानसभा क्षेत्र के प्रतिनिधित्व कइलें। हाले में भइल विधानसभा चुनाव में उनका भाजपा उम्मीदवार ध्रुव साहा से हार के सामना करे के पड़ल रहे।

- Sponsored Ads-

लाश के लगे से मिलल सुसाइड नोट

पुलिस के घटनास्थल से एक पन्ना के कथित सुसाइड नोट बरामद भइल बा। नोट सामने आवते बंगाल के राजनीतिक गलियारा में हलचल बढ़ गइल बा। पुलिस अब नोट के फोरेंसिक जांच करावे के तइयारी में बिया।

कथित अंतिम संदेश में आशीष बनर्जी लिखले बाड़ें कि उनकर मौत खातिर केहू जिम्मेदार नइखे। संगही राजनीति में आवे के फैसला के अपना जिनगी के सबसे बड़ गलती बतवले बाड़ें।

साफ-सुथरा राजनीतिक करिअर के कइलें जिकिर

पेशा से शिक्षक रहल आशीष बनर्जी कथित सुसाइड नोट में अपना करिअर आ सार्वजनिक जिनगी के बारे में लिखले बाड़ें। उनका मोताबिक, ऊ जिनगी भर गलत तरीका से एको पईसा ना लेले आ जरूरतमंद विद्यार्थियन के बिना फीस पढ़ावत रहलें।

नोट में तारापीठ रामपुरहाट डेवलपमेंट अथॉरिटी (TRDA) में अपना के दरकिनार कइले जाये आ छवि खराब करे के कथित साजिश के जिकिर कइल गइल बा।

भ्रष्टाचार में सामिल ना रहे के दावा

आशीष बनर्जी कथित नोट में कहले बाड़ें कि ऊ कबो भ्रष्टाचार में सामिल ना रहलें। उनकर आरोप रहे कि ईमानदार छवि के बादो उनका के अपमानित कइल गइल आ राजनीतिक रूप से अलग-थलग करे के कोसिस भइल।

कथित अंतिम संदेश में ऊ अपना परिवार के भावी पीढ़ी के राजनीति से दूर रहे के सलाह देले बाड़ें।

पांच बेर रामपुरहाट से विधायक रहलें आशीष बनर्जी

आशीष बनर्जी पश्चिम बंगाल के राजनीति में लमहर समय से सक्रिय रहलें। ऊ बीरभूम के रामपुरहाट विधानसभा क्षेत्र से लगातार पांच बेर विधायक चुनल गइल रहलें।

ममता बनर्जी के मुख्यमंत्री बनला के बाद ऊ विधानसभा के उपाध्यक्ष के जिम्मेदारियो संभारत रहलें। एकरा अलावे ममता बनर्जी सरकार के सुरुआती कार्यकाल में ऊ शिक्षा आ कृषि विभाग के मंत्री रहलें।

विधानसभा चुनाव में भाजपा उम्मीदवार से मिलल हार

हाले में भइल पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में आशीष बनर्जी के भाजपा उम्मीदवार ध्रुव साहा से हार मिलल रहे। चुनावी हार के बाद उनकर अचानक निधन के खबर से राजनीतिक हलका में शोक के माहौल बा।

तृणमूल कांग्रेस सहित अलग-अलग राजनीतिक दल के नेता आशीष बनर्जी के निधन पs दुख जतवले बा लो।

Read Also: 16 अगस्त 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-