काराकस। दक्षिण अमेरिका के देस वेनेजुएला में आइल जबरदस्त भूकंप से भारी तबाही मचल बा। एक मिनट से कम समय के अंतराल में 7.1 आ 7.5 तीव्रता के भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। एह आपदा में कइयन गो इमारत आ मकान ढह गइल बा, जवना में हजारन लोग के जान गइला के आशंका जतावल जा रहल बा।
प्रारंभिक अनुमान के मोताबिक, मरे वाला लोगन के संख्या 10 हजार से 1 लाख के बीच हो सकेला। हालांकि, सरकार के ओर से अभी तक अंतिम आंकड़ा जारी नइखे कइल गइल। राहत आ बचाव के काम युद्ध स्तर पs जारी बा।
काराकस सहित कइयन गो इलाकन में भारी नुकसान
बुध के वेनेजुएला के राजधानी काराकस के पश्चिमी इलाका में भूकंप के तेज झटका महसूस भइल। कइयन गो इमारत गिर गइल आ लोग मलबा में फंस गइल। अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण (USGS) के मोताबिक, काराकस से करीब 160 किलोमीटर पश्चिम में 7.2 तीव्रता के भूकंप आइल, एकरा कुछ देर बाद 7.5 तीव्रता के दूसरका झटका महसूस कइल गइल।
सरकार घोषित कइलस इमरजेंसी
भयंकर भूकंप के बाद वेनेजुएला के कार्यवाहक राष्ट्रपति डेल्सी रोड्रिगेज देस में आपातकाल के घोषणा कइली। ऊ देस के संबोधन में मृतक परिवार के प्रति संवेदना जतवली आ कहली कि सरकार राहत आ बचाव कार्य में पूरा ताकत लगा रहल बा।
मलबा में फंसल लोग के खोजे आ बाहर निकाले खातिर इमरजेंसी रिस्पॉन्स टीम के तैनात कइल गइल बा। पुलिस, बचाव दल आ स्थानीय प्रशासन लगातार अभियान चला रहल बा।
अमेरिका आ भारत देलस मदद के भरोसा
भूकंप के बाद अमेरिका वेनेजुएला के मदद खातिर आगे आइल बा। अमेरिकी अधिकारी कहले बा लोग कि ऊ लोग वेनेजुएला प्रशासन के संपर्क में बा आ जरूरी सहायता जुटावल जा रहल बा। ओहिजा, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वेनेजुएला में भइल तबाही पs दुख जतवले बाड़ें। पीएम मोदी कहलें कि भारत प्रभावित परिवारन के संगे खड़ा बा आ जरूरत पड़ला पs हर संभव मदद देवे खातिर तइयार बा।
छुट्टी के दिन आइल भूकंप
भूकंप जवना दिने आइल, ओह दिन वेनेजुएला में सार्वजनिक छुट्टी रहे। एह वजह से अधिकतर लोग घर पs मवजूद रहे। प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, झटका सुरू होखतही लोग डर के मारे घर से बाहर भागे लागल। काराकस के एगो निवासी बतवलस कि अचानक तेज आवाज सुनाई पड़ल आ घर के सामान गिर गइल। कइयन गो लोग सीढ़ी से भाग के सुरक्षित जगह पहुंचल।
अस्पताल में बढ़ल तइयारी
भूकंप के बाद अस्पतालन में घायलन के इलाज खातिर विशेष बेवस्था कइल गइल बा। स्वास्थ्यकर्मियन के अतिरिक्त ड्यूटी पs लगावल गइल बा। ओहिजा, नुकसान के आकलन आ राहत के काम अभी जारी बा।
अधिकारी बतावल लोग कि तेल उद्योग के प्रमुख ढांचा पs भूकंप के तत्काल कवनो बड़ असर नइखे पड़ल। प्रशासन के पूरा धेयान अब मलबा में फंसल लोगन के सुरक्षित बाहर निकाले आ प्रभावित लोगन के सहायता पहुंचवला पs बा।
Read Also: Bank Holidays July 2026 : जुलाई में 12 दिन बैंक रही बंद, जानीं कब खुली आ कब ना…










