Bank Holidays July 2026 : जुलाई में 12 दिन बैंक रही बंद, जानीं कब खुली आ कब ना…

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2026

Bank Holidays July 2026 : जुलाई महीना में जदि रउआ बैंक से जुड़ल कवनो जरूरी काम करे के सोचत बानी, तs पहिले बैंक छुट्टी के लिस्ट जरूर देख लीं। काहे कि अलग-अलग काम जइसे डिमांड

Share

Bank Holidays July 2026 : जुलाई महीना में जदि रउआ बैंक से जुड़ल कवनो जरूरी काम करे के सोचत बानी, तs पहिले बैंक छुट्टी के लिस्ट जरूर देख लीं। काहे कि अलग-अलग काम जइसे डिमांड ड्राफ्ट बनवावल, लोन के काम, खाता से जुड़ल काम आ आउर जरूरी काम खातिर लोग बैंक जात रहेला।

जदि रउआ जुलाई में बैंक जाये के प्लान बना रहल बानी तs ई जानल जरूरी बा कि कवना दिन बैंक खुली आ कवना दिन बंद रही।

जुलाई 2026 में कवन-कवन दिन बैंक बंद रही?

6 जुलाई

मिजोरम के आइजोल में MHIP दिवस के कारण बैंक बंद रही।

9 जुलाई

मेघालय के शिलांग में बेह डेंखलाम पर्व के कारण बैंक में छुट्टी रही।

16 जुलाई

रथयात्रा, कांग (रथजात्रा) आ हरेला पर्व के चलते देहरादून, भुवनेश्वर आ इंफाल में बैंक बंद रही।

17 जुलाई

मेघालय के शिलांग में यू तिरोत सिंह के पुण्यतिथि के कारण बैंक बंद रही।

18 जुलाई

सिक्किम के गंगटोक में द्रुकपा त्शे-जी पर्व के चलते बैंक में छुट्टी रही।

22 जुलाई

त्रिपुरा के अगरतला में खर्ची पूजा के कारण बैंक बंद रही।

जुलाई में सनिचर के छुट्टी

बैंक में हर महीना के दूसरा आ चउथा सनिचर के छुट्टी रहेला।

  • 11 जुलाई 2026: दूसरका सनिचर होखला के कारण देसभर के बैंक बंद रही।
  • 25 जुलाई 2026: चउथा सनिचर होखे के कारण देस के सब बैंक बंद रही।

जुलाई में अतवार के छुट्टी

अतवार के दिन देसभर के बैंक बंद रहेला। जुलाई 2026 में अतवार के छुट्टी एह दिन रही-

  • 5 जुलाई
  • 12 जुलाई
  • 19 जुलाई
  • 26 जुलाई

एह तरे जुलाई 2026 में अलग-अलग राज्य आ राष्ट्रीय छुट्टी मिलाके बैंक कुल 12 दिन बंद रही। बैंक जाये से पहिले अपना शहर के छुट्टी के लिस्ट जरूर जांच लीं, ताकि कवनो परेसानी ना होखे।

Read Also: Kolkata Accident : तारातला में बनत गोदाम भरभराके गिरल, पांच लोगन के मौत के आशंका, कइयन गो मजदूर अभियो फंसल बा लोग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.