Venezuela Earthquake : वेनेजुएला में भूकंप से भारी तबाही, 235 लोगन के मौत के बाद मलबा में चल रहल बा बचाव अभियान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2026

कराकास। दक्षिण अमेरिकी देस वेनेजुएला में आइल विनाशकारी भूकंप से भारी तबाही मच गइल बा। एक मिनट के भीतर आइल 7.2 आ 7.5 तीव्रता के लगातार भूकंप के झटका से अब तक कम से कम

Share

Venezuela Earthquake: Rescue Operation After Massive Destruction

कराकास। दक्षिण अमेरिकी देस वेनेजुएला में आइल विनाशकारी भूकंप से भारी तबाही मच गइल बा। एक मिनट के भीतर आइल 7.2 आ 7.5 तीव्रता के लगातार भूकंप के झटका से अब तक कम से कम 235 लोगन के मौत हो गइल बा। जबकि हजारन लोग घायल बतावल जा रहल बा। राहत आ बचाव अभियान युद्ध स्तर पs जारी बा।

भूकंप के बाद कइयन गो इलाका में इमारत ढह गइल बाड़ी सs आ सइयन लोग मलबा में फंस गइल बा। बचावकर्मी आ स्थानीय लोग मिलके मलबा हटावे आ फंसल लोगन के बाहर निकाले में जुटल बा।

प्रारंभिक जानकारी के मोताबिक, करीब 250 इमारत भा तs पूरा तरे तबाह हो गइल बाड़ी सs भा फेर गंभीर रूप से क्षतिग्रस्त भइल बाड़ी सs। हादसा में करीब 4300 से जादे लोग घायल बतावल जा रहल बा। ओहिजा, लगभग 200 लोग अभियो ढहल इमारत के नीचे फंसल हो सकेला। हालांकि लापता लोगन के सही संख्या के आधिकारिक पुष्टि नइखे हो सकल।

ला गुआइरा के घोषित कइल गइल आपदा क्षेत्र

भूकंप के गंभीरता देखत वेनेजुएला के कार्यवाहक राष्ट्रपति डेल्सी रोड्रिग्ज ला गुआइरा इलाका के आपदा क्षेत्र घोषित कs देले बाड़ी। ऊ बतवली कि बचाव कार्य तेज करे खातिर निजी कंपनियन से भारी मशीनरी मंगावल जा रहल बा।

सरकार बेवसायिक संस्थान से निर्माण उपकरण उपलब्ध करावे के अपील कइले बा, ताकि मलबा जल्दी हटावल जा सके आ जादे से जादे लोगन के जिंदा बचावल जा सके।

हालांकि स्थानीय लोग शिकायत कइले बा कि सरकारी बचाव अभियान के गति धीमा बा। कइयन जगह पड़ोसी खुद अपना हाथ से मलबा हटाके फंसल लोगन के बचावे के कोसिस करत नजर आइल लोग।

एयरपोर्ट आ मेट्रो सेवा प्रभावित

बियफे के आइल भूकंप के बाद राजधानी कराकास सहित कइयन गाे इलाकन में जरूरी सेवा प्रभावित भइल बा। कराकास आ ला गुआइरा के एयरपोर्ट बंद कs दिहल गइल बा। मेट्रो सेवा रोक दिहल गइल बा। कइयन गो स्कूलन के अस्थायी राहत शिविर में बदल दिहल गइल बा।

बढ़ सकेला मृतकन के संख्या

विशेषज्ञन के माने के बा कि राहत अभियान पूरा होखला के बाद मृतकन के संख्या आउर बढ़ सकेला। कइयन गाे इलाकन में अभियो लोग मलबा में दबल हो सकेला। दुनियाभर से वेनेजुएला खातिर मदद के हाथ बढ़ावल जा रहल बा। कइयन गाे देस बचाव दल, मेडिकल टीम आ जरूरी सामान भेजे के घोषणा कइले बा।

अमेरिका सहित कइयन गो देस मदद में आगे आइल

अमेरिका मानवीय सहायता खातिर आर्थिक मदद के घोषणा कइले बा। राहत अभियान में बचाव दल, विमान आ हेलीकॉप्टर तैनात करे के जानकारी सामने आइल बा। मेक्सिको, कोलंबिया, स्पेन, फ्रांस, इटली, इक्वाडोर, पनामा आ अल सल्वाडोर सहित कइयन गो देस खोजी दल, मेडिकल टीम आ आपातकालीन उपकरण भेजे के बात कहले बा।

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वेनेजुएला में भइल तबाही पs दुख जतावत प्रभावित परिवारन के प्रति संवेदना व्यक्त कइले बाड़ें आ हर संभव मदद के भरोसा देले बाड़ें।

Read Also: 26 जून 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.