26 जून 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2026

दिनांक- 26/06/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष तिथि– द्वादशी रात के 10 बजके 22 मिनट ले, ओकरा बाद त्रयोदशी। दिन- सुक। विशाखा नक्षत्र सांझ के 07 बजके 15 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 26/06/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि– द्वादशी

रात के 10 बजके 22 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन- सुक।

विशाखा नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

सिद्ध जोग

दिन के 11 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद साध्य जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/06/2026

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

रात के 12 बजके 43 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 10 बजके 11 मिनट ले।

साध्य जोग

दिन के 12 बजके 32 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ी। कामकाज में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। आर्थिक ममिलन में सोच-समझके फैसला लीं। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिले के संकेत बा। नौकरी आ बेयपार में तरक्की के अवसर मिल सकत बा। खर्चन पs नियंत्रण रखल फायदेमंद रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत के माध्यम से कइयन गो समस्यन के समाधान हो सकेला। नया लोगन से मुलाकात लाभदायक रही। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावनन पs नियंत्रण रखीं। परिवार से जुड़ल कवनो महत्वपूर्ण फैसला लेवे के पड़ सकेला। कार्यक्षेत्र में धैर्य बना के रखीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज नेतृत्व क्षमता में बढ़न्ती होई। नौकरी आ बेयपार में सफलता के जोग बा। समाज में मान-सम्मान बढ़ सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज योजनन के पूरा करे के अच्छा समय बा। धन से जुड़ल ममिलन में सावधानी बरतीं। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्तन में मधुरता आई। साझेदारी के काम में सफलता मिल सकेला। जतरा के योजना बन सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कवनो पुराने काम में सफलता मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होखला के संकेत बा। खीस पs नियंत्रण रखीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिली। शिक्षा आ करिअर से जुड़ल लोगन के अच्छा अवसर मिल सकेला। नया काम सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत आ अनुशासन से सफलता मिली। नौकरी में बदलाव के विचार आ सकेला। परिवार के सहजोग मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक कामन में रुचि बढ़ी। धन लाभ के अवसर मिल सकेला। सामाजिक जिनगी में सक्रियता बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही आ सकारात्मक ऊर्जा महसूस होई। करिअर में आगे बढ़े के मवका मिल सकेला। निवेश में सावधानी रखीं।

Read Also: IND vs IRE T20 : बेलफास्ट में 19 साल बाद उतरी टीम इंडिया, रोहित शर्मा के डेब्यू मैदान पs मची गदर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.