Defence Deal : अमेरिका भारत के 48 करोड़ डॉलर के रक्षा सौदा के मंजूरी देलस, बढ़ी सैन्य ताकत

US India Defense Deal Apache Helicopters and M777 Howitzers

Share

नई दिल्ली। अमेरिका भारत के अपाचे हेलीकॉप्टर आ अल्ट्रा लाइट होवित्जर तोप के रखरखाव आ सहायता सेवा से जुड़ल उपकरण बेचे के मंजूरी दे देलस। एह प्रस्तावित रक्षा सौदा के कुल अनुमानित लागत 48.22 करोड़ अमेरिकी डॉलर बतावल गइल बा।

अमेरिका के डिफेंस सिक्योरिटी कोऑपरेशन एजेंसी (DSCA), जे बिदेसी सैन्य बिक्री (FMS) के मंजूरी देवे के काम करेला, ऊ 17 जून के संघीय रजिस्टर में एह रक्षा बिक्री से जुड़ल अधिसूचना जारी कइलस।

अपाचे आ एम777 तोप खातिर सहायता सेवा के सौदा

एकरा से पहिले 18 मई के अमेरिकी बिदेस विभाग अमेरिकी कांग्रेस के भारत के अपाचे हेलीकॉप्टर आ एम777ए2 अल्ट्रा-लाइट होवित्जर तोप खातिर सहायता सेवा के संभावित बिक्री के जानकारी देले रहे।भारत अपना तोपखाना क्षमता, खासकर पहाड़ी इलाका में सैन्य अभियान के मजबूत बनावे खातिर अमेरिका से एम777ए2 अल्ट्रा-लाइट होवित्जर तोप किनले रहे।

ओहिजा, भारतीय सेना एएच-64ई अपाचे अटैक हेलीकॉप्टर के संचालन करेला, जवन दुनिया के सबसे आधुनिक लड़ाकू हेलीकॉप्टर में गिनल जाला।

एम777 होवित्जर तोप खातिर 23 करोड़ डॉलर के पैकेज

अधिसूचना के अनुसार, भारत एम777ए2 अल्ट्रा-लाइट होवित्जर तोप खातिर लमहर समय तक रखरखाव सहायता के मांग कइले बा। एह पैकेज में सहायक उपकरण, स्पेयर पार्ट्स, मरम्मत आ वापसी सेवा, प्रशिक्षण, तकनीकी सहायता, फील्ड सर्विस प्रतिनिधि, डिपो क्षमता विकास आ लॉजिस्टिक सहायता से जुड़ल सुविधा सामिल बा। एह सहायता पैकेज के अनुमानित लागत करीब 23 करोड़ डॉलर बतावल गइल बा।

19.82 करोड़ डॉलर के सहायता पैकेज

एगो अलग अधिसूचना में अमेरिकी रक्षा विभाग बतवलस कि भारत एएच-64ई अपाचे हेलीकॉप्टर खातिर रखरखाव सहायता सेवा, अमेरिकी सरकार आ निजी ठेकेदारन के इंजीनियरिंग, तकनीकी आ लॉजिस्टिक सहायता के मांग कइले बा। एकरा अलावे तकनीकी दस्तावेज, प्रशिक्षण आ आउर कार्यक्रम सहायता एह पैकेज में सामिल रही। अपाचे हेलीकॉप्टर खातिर प्रस्तावित सहायता पैकेज के अनुमानित लागत 19.82 करोड़ डॉलर बा।

बोइंग, लॉकहीड मार्टिन आ बीएई सिस्टम्स रहिहें प्रमुख कंपनी

अपाचे हेलीकॉप्टर सहायता कार्यक्रम खातिर प्रमुख ठेकेदार कंपनी बोइंग आ लॉकहीड मार्टिन रही।ओहिजा, एम777 होवित्जर तोप सहायता कार्यक्रम खातिर ब्रिटेन इस्थित बीएई सिस्टम्स प्रमुख ठेकेदार होई।

भारत-अमेरिका रणनीतिक संबंध होई आउर मजबूत

अमेरिकी रक्षा विभाग के मोताबिक, हेलीकॉप्टर आ होवित्जर तोप खातिर ई सहायता पैकेज अमेरिका के बिदेस नीति आ राष्ट्रीय सुरक्षा लक्ष्य के अनुरूप बा।

विभाग के कहनाम बा कि एह सौदा से भारत-अमेरिका रणनीतिक साझेदारी आउर मजबूत होई। भारत हिंद-प्रशांत आ दक्षिण एशिया क्षेत्र में शांति, इस्थिरता आ आर्थिक विकास खातिर एगो महत्वपूर्ण रक्षा साझेदार बा।

ई रक्षा सौदा भारत के मवजूदा आ भविष्य के सुरक्षा चुनौती से निपटे के क्षमता बढ़ाई, घरेलू रक्षा बेवस्था के मजबूत करी आ क्षेत्रीय खतरा के रोकथाम में मददगार साबित होई।

Read Also: Bihar News : पंकज त्रिपाठी के भाई पs जानलेवा हमला, गंभीर हालत में पटना पीएमसीएच में इलाज जारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-