Qatar Explosion : कतर के बरजान गैस प्लांट में भयानक धमाका, 54 लोग घायल आ 18 लापता

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 22, 2026

दोहा। कतर के प्रमुख रस लाफान औद्योगिक क्षेत्र में इस्थित बरजान गैस सप्लाई प्लांट में अतवार के रात भयानक विस्फोट के बाद भीषण आग लाग गइल। एह हादसा में कम से कम 54 कर्मचारी घायल

Share

Qatar Barzan Gas Plant Explosion

दोहा। कतर के प्रमुख रस लाफान औद्योगिक क्षेत्र में इस्थित बरजान गैस सप्लाई प्लांट में अतवार के रात भयानक विस्फोट के बाद भीषण आग लाग गइल। एह हादसा में कम से कम 54 कर्मचारी घायल हो गइल बाड़ें, जबकि 18 लोग अभियो लापता बतावल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि ई हादसा ओह समय भइल, जब ईरान के बमबारी आ स्ट्रेट ऑफ होर्मुज के नाकेबंदी के बाद कर्मचारी टर्मिनल में फेर से कामकाज सुरू करे के कोसिस करत रहे लोग। एही दौरान प्लांट में जोरदार धमाका भइल आ आग फइल गइल।

दुनिया के प्रमुख प्राकृतिक गैस उत्पादक देसन में सामिल कतर के एह महत्वपूर्ण निर्यात केंद्र में भइल हादसा से वैश्विक ऊर्जा बाजार पs असर पड़ सकेला। ईरान द्वारा होर्मुज जलडमरूमध्य पs रोक लगवला के कारण कतर अपना ग्राहकन के गैस सप्लाई ना कs पावत रहे, जवना चलते कतर कुछ समय खातिर उत्पादन बंद कs देले रहे।

ईरान आ आउर देसन के बीच युद्ध खतम करे खातिर चल रहल शांति वार्ता के बीच होर्मुज जलडमरूमध्य में नाकेबंदी कुछ कम भइला के बाद कतर अपना निर्यात टर्मिनल के दोबारा चालू करे के कोसिस सुरू कइलस।

सरकारी कंपनी QatarEnergy के ओर से बतावल गइल कि अतवार के रात बरजान गैस सप्लाई प्लांट में संचालन दोबारा सुरू करे के दौरान विस्फोट भइल आ आग लाग गइल। एह घटना में 54 लोग घायल भइल बा, जबकि 18 लोग के अभियो खोज जारी बा।

धमाका के बाद प्लांट में भइल नुकसान के सही आकलन अभियो नइखे हो सकल। पहिले अधिकारी लोग बतवले रहे कि कुछे लोग घायल भइल बा, बाकिर कुछ घंटा बाद कतर के गृह मंत्रालय घायल आ लापता लोगन के संख्या के जादे बतवलस।

Read Also: 22 जून 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.