UP Rajya Sabha Election 2026 : सपा राम गोपाल यादव आ धनराज नथवानी के बनवलस उम्मीदवार, आज दाखिल होई नामांकन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2026

UP Rajya Sabha Election 2026 : उत्तर प्रदेश में राज्यसभा चुनाव के लेके समाजवादी पार्टी (सपा) आपन दूगो उम्मीदवारन के नाम के एलान कs देले बिया। पार्टी वरिष्ठ नेता आ राष्ट्रीय महासचिव प्रो. राम गोपाल

Share

SP Rajya Sabha candidates Ram Gopal Yadav and Dhanraj Nathwani in Uttar Pradesh

UP Rajya Sabha Election 2026 : उत्तर प्रदेश में राज्यसभा चुनाव के लेके समाजवादी पार्टी (सपा) आपन दूगो उम्मीदवारन के नाम के एलान कs देले बिया। पार्टी वरिष्ठ नेता आ राष्ट्रीय महासचिव प्रो. राम गोपाल यादव आ धनराज परिमल नथवानी के राज्यसभा चुनाव खातिर प्रत्याशी बनवले बिया।

दूनो उम्मीदवार बुध, 30 सितंबर के आपन नामांकन पत्र दाखिल करी लो। नामांकन के दौरान सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के मवजूद रहे के जानकारी सामने आइल बा।

सपा एक्स पs कइलस उम्मीदवारन के एलान

समाजवादी पार्टी अपना आधिकारिक सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स के माध्यम से राज्यसभा चुनाव खातिर उम्मीदवारन के नाम के जानकारी देलस। पार्टी के ओर से राम गोपाल यादव आ धनराज नथवानी के प्रत्याशी बनावे के पुष्टि कइल गइल बा। राम गोपाल यादव सपा के वरिष्ठ नेता बाड़े आ लमहर समय से राज्यसभा में पार्टी के प्रतिनिधित्व करत आइल बाड़ें। उनकर मवजूदा कार्यकाल 25 नवंबर 2026 के पूरा होखे वाला बा।

16 अक्टूबर के हो सकेला मतदान

उत्तर प्रदेश के 10 राज्यसभा सीट खातिर चुनाव के कार्यक्रम जारी कइल गइल बा। एह सीट खातिर नामांकन प्रक्रिया 29 सितंबर से सुरू भइल बा, जबकि मतदान 16 अक्टूबर के होखे के प्रस्ताव बा। राज्यसभा चुनाव में उत्तर प्रदेश के निर्वाचित विधायक मतदान करी लो। चुनाव में आनुपातिक प्रतिनिधित्व प्रणाली के तहत एकल संक्रमणीय मत पद्धति के इस्तेमाल होला।

के हs धनराज नथवानी?

धनराज परिमल नथवानी कॉरपोरेट आ खेल प्रशासन से जुड़ल रहल बाड़ें। ऊ गुजरात क्रिकेट एसोसिएशन के उपाध्यक्ष रह चुकल बाड़ें आ रिलायंस इंडस्ट्रीज से जुड़ल रहल बाड़ें। अब सपा उनका के उत्तर प्रदेश से राज्यसभा उम्मीदवार बनवले बिया।

राज्यसभा चुनाव खातिर उम्मीदवारन के नाम सामने अइला के बाद उत्तर प्रदेश में राजनीतिक गतिविधि तेज हो गइल बा। नामांकन प्रक्रिया पूरा भइला के बाद चुनाव के तस्वीर आउर साफ होई।

Read Also: जितिया व्रत : जितिया व्रत का इतिहास, महत्व आ 2026 में कब पड़ी?

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.