IPS Officer Mother Murder : यूपी में IPS अफसर के माई के हत्या, लूट के बाद वारदात से सनसनी, मुंह में कपड़ा आ हाथ पर चोट के निशान

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 17, 2026

अंबेडकरनगर। उत्तर प्रदेश के अंबेडकरनगर जिला में पुलिस हेडक्वार्टर में तैनात आईपीएस अधिकारी आशुतोष मिश्रा के 91 साल के माई इंद्रावती के हत्या के ममिला से सनसनी फइल गइल बा। मालीपुर थाना क्षेत्र के रूढ़ा

Share

Ambedkar Nagar IPS Officer Mother Murder Case

अंबेडकरनगर। उत्तर प्रदेश के अंबेडकरनगर जिला में पुलिस हेडक्वार्टर में तैनात आईपीएस अधिकारी आशुतोष मिश्रा के 91 साल के माई इंद्रावती के हत्या के ममिला से सनसनी फइल गइल बा। मालीपुर थाना क्षेत्र के रूढ़ा धमरूआ गांव में इस्थित पैतृक घर में अतवार के उनकर शव मिलल। सुरुआती जांच में लूट के बाद हत्या के आशंका जतावल गइल बा।

पुलिस के मोताबिक, मृतका के देह से सोना के कइयन गो गहना गायब मिलल। मुंह से खून निकलत रहे आ जांच के दौरान मुंह में कपड़ा ठूंसल गइल होखे के बात सामने आइल बा।

माई से मिले गांव आइल रहलें आईपीएस अफसर

इंद्रावती पिछला करीब दू हफ्ता से गांव के पैतृक मकान में अकेले रहत रहली। सनिचर के उनकर बेटा आशुतोष मिश्रा माई से मिले गांव आइल रहलें। ड्यूटी के चलते कुछ देर बाद ऊ लखनऊ लवट गइलें।

अतवार के सबेरे करीब 10 बजे आशुतोष मिश्रा के उनकर चाचा सचिंद्र मिश्रा फोन कs के माई के मौत के जानकारी देलें। सुरुआती तौर पs मौत के वजह हार्ट अटैक बतावल गइल, बाकिर घर पहुंचला के बाद आशुतोष मिश्रा के ममिला संदिग्ध लागल।

गहना गायब, हत्या के आशंका

शव के जांच में गला से सोना के चेन, सोना के दाना वाली तुलसी माला, नाक के कील, कान के टॉप्स आ पायल गायब मिलल। मुंह से खून निकलत देखला के बाद लूट के बाद हत्या के आशंका जतावल गइल।

ममिला के गंभीरता के देखत डीआईजी सोमेन वर्मा, एसपी प्राची सिंह सहित कइयन गो वरिष्ठ अधिकारी घटनास्थल पs पहुंचल लो। फोरेंसिक, सर्विलांस आ एसओजी टीम के जांच में लगावल गइल बा।

पोस्टमार्टम में मौत के कारण साफ ना

पोस्टमार्टम रिपोर्ट में फिलहाल मौत के स्पष्ट कारण सामने नइखे आइल। मौत के असली वजह पता करे खातिर डॉक्टर लोग विसरा सुरक्षित रखले बा। पोस्टमार्टम के दौरान मुंह आ हाथ पs चोट के निशान मिलला के जानकारी सामने आइल बा।

पुलिस अज्ञात आरोपियन के खिलाफ लूट आ हत्या के मुकदमा दर्ज कs के जांच कs रहल बिया।

गांव में सीसीटीवी ना होखे से जांच में चुनौती

पुलिस के जांच में एगो आउर चुनौती सामने आइल बा। मृतका के घर आ आसपास के इलाका में सीसीटीवी कैमरा नइखे लागल। एह वजह से पुलिस के फिलहाल इलेक्ट्रॉनिक सबूत मिलल मुश्किल हो रहल बा। जांच टीम आसपास के लोग से पूछताछ कs रहल बिया।

1998 में पुलिस विभाग में भइल रहे चयन

आशुतोष मिश्रा के साल 1998 में पुलिस विभाग में चयन भइल रहे। साल 2016 में पदोन्नति के बाद ऊ आईपीएस अधिकारी बनलें। मुरादाबाद, बहराइच, अलीगढ़ आ बाराबंकी सहित कइयन गो महत्वपूर्ण जगह पs सेवा दे चुकल बाड़ें। 29 नवंबर 2023 से ऊ पुलिस हेडक्वार्टर में तैनात बाड़ें।

अखिलेश यादव कानून-बेवस्था पs उठवलें सवाल

घटना के बाद ममिला राजनीतिक चरचा में आ गइल बा। समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव घटना पs चिंता जतावत उत्तर प्रदेश के कानून- बेवस्था पs सवाल उठवलें। उनकर कहनाम रहे कि जब पुलिस अधिकारी के परिवार सुरक्षित नइखे, तs प्रदेश में सुरक्षा बेवस्था पs गंभीर सवाल उठेला।

पुलिस अब हत्या के पीछे के वजह, आरोपी आ लूट में गायब गहना के सुराग खोजे में जुटल बिया।

Read Also: Tarapith Hotel Fire : तारापीठ के होटल में भीषण आग, 7 तीर्थयात्रियन के मौत, कइयन लोग घायल, रेस्क्यू जारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.