UP BJP : यूपी भाजपा के नया टीम के एलान, राजनाथ सिंह के बेटा नीरज सिंह के मिलल उपाध्यक्ष के जिम्मेदारी, लिस्ट में पूजा पाल के नाम बा सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2026

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव से पहिले भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) संगठन में बड़ बदलाव कइले बिया। पार्टी प्रदेश के नया टीम के घोषणा कs देले बिया। नया टीम में पिछड़ा वर्ग (OBC) आ

Share

BJP alliance controversy in Maharashtra municipal elections with Congress and AIMIM

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव से पहिले भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) संगठन में बड़ बदलाव कइले बिया। पार्टी प्रदेश के नया टीम के घोषणा कs देले बिया। नया टीम में पिछड़ा वर्ग (OBC) आ सामाजिक संतुलन पs खास धेयान दिहल गइल बा।

नया संगठन में केंद्रीय रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के बेटा नीरज सिंह के प्रदेश उपाध्यक्ष बनावल गइल बा। इनका संगे पूजा पाल आ सुरेश राणा सहित कइयन गो नेता लोगन के उपाध्यक्ष पद के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। भाजपा के नया टीम में कुल 19 प्रदेश उपाध्यक्ष आ 8 प्रदेश महामंत्री सामिल बा लोग।

भाजपा प्रदेश अध्यक्ष के ओर से जारी सूची में संगठन के अलग-अलग मोर्चा के नया जिम्मेदारी दिहल गइल बा। सरोज कुशवाहा के महिला मोर्चा के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल बा। देवेंद्र सिंह के किसान मोर्चा, अशोक रावत के अनुसूचित मोर्चा आ प्रकाश पाल के पिछड़ा वर्ग मोर्चा के प्रदेश अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा।

ओहिजा, दिनेश प्रताप सिंह के पार्टी के मुख्य प्रवक्ता आ रोहित मिश्रा के युवा मोर्चा के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल बा।

प्रदेश उपाध्यक्ष के जिम्मेदारी पावे वाला नेता

नया टीम में सुरेश राणा, सत्यपाल सैनी, ब्रज बहादुर, डॉ. धर्मेंद्र सिंह, मोहित बेनीवाल, देवेश कोरी, प्रियंका रावत, दुर्विजय शाक्य, रमेश सिंह, नीरज सिंह, अर्चना मिश्रा, पूजा पाल, शंकर गिरी, कामेश्वर सिंह, कृतिका अग्रवाल, सुरेश मौर्य, राजेश यादव, कृष्ण बिहारी राय आ आलोक गुप्ता के उपाध्यक्ष बनावल गइल बा।

प्रदेश महामंत्री आ मंत्री के घोषणा

भाजपा प्रदेश महामंत्री के पद पs रामप्रताप सिंह चौहान, गीता शाक्य, अभिजात मिश्रा, उपेंद्र रावत, संजय राय, शंकर लोधी, दिलीप पटेल आ राजेश चौधरी के नियुक्त कइल गइल बा। संगठन मंत्री के जिम्मेदारी विजय शिवहरे, बसंत त्यागी, शिवभूषण सिंह, सहजानंद राय, अंकुर शर्मा सहित कइयन गो नेता के दिहल गइल बा।

क्षेत्रीय अध्यक्ष के कइल गइल ऐलान

भाजपा छव क्षेत्रन के नया क्षेत्रीय अध्यक्ष के नाम घोषित कइले बिया। पश्चिम क्षेत्र के अध्यक्ष नवाब सिंह नागर, ब्रज क्षेत्र के पूरन लाल लोधी, कानपुर क्षेत्र के राम किशोर साहू, अवध क्षेत्र के अवधेश द्विवेदी, काशी क्षेत्र के अशोक चौरसिया आ गोरखपुर क्षेत्र के विनोद राय बनावल गइल बाड़ें।

Read Also: Amazon India : अमेजन के भारत में बढ़ल भरोसा, 48 अरब डॉलर के नया निवेश के एलान, डिजिटल सेक्टर के मिली रफ्तार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.