Amazon India : अमेजन के भारत में बढ़ल भरोसा, 48 अरब डॉलर के नया निवेश के एलान, डिजिटल सेक्टर के मिली रफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2026

नई दिल्ली। दुनिया के प्रमुख ई-कॉमर्स आ टेक्नोलॉजी कंपनी अमेजन भारत में आपन निवेश बढ़ावे के बड़ एलान कइले बिया। कंपनी के सीईओ एंडी जेसी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात के बाद बतवलें कि अमेजन

Share

Amazon Announces $48 Billion Investment in India After Meeting PM Modi

नई दिल्ली। दुनिया के प्रमुख ई-कॉमर्स आ टेक्नोलॉजी कंपनी अमेजन भारत में आपन निवेश बढ़ावे के बड़ एलान कइले बिया। कंपनी के सीईओ एंडी जेसी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात के बाद बतवलें कि अमेजन साल 2026 से 2030 के बीच भारत में 48 अरब डॉलर (करीब 4 लाख करोड़ रुपिया से जादे) के अतिरिक्त निवेश करी।

अमेजन के मोताबिक, कंपनी साल 2010 से अब तक भारत में करीब 40 अरब डॉलर निवेश कs चुकल बिया। पहिले 2026 से 2030 तक 35 अरब डॉलर निवेश के योजना रहे, जवना के अब बढ़ाके 48 अरब डॉलर कs दिहल गइल बा।

भारत के डिजिटल अर्थबेवस्था के मिली मजबूती

एह निवेश के मुख्य मकसद भारत में तेजी से बढ़त डिजिटल अर्थबेवस्था, ई-कॉमर्स, क्लाउड कंप्यूटिंग आ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) के क्षेत्र के मजबूत बनावल बा।

अमेजन के सीईओ एंडी जेसी कहलें कि भारत दुनिया के सबसे महत्वपूर्ण बाजारन में से एगो बन गइल बा। देस के डिजिटल विकास आ तकनीकी क्षमता लगातार बढ़ रहल बा, जवना से कंपनी भारत में लमहर समय खातिर निवेश जारी रखे के चाहत बिया।

क्लाउड आ AI पs होई खास फोकस

अमेजन के नया निवेश में एगो बड़ हिस्सा क्लाउड कंप्यूटिंग आ कृत्रिम बुद्धिमत्ता के विकास पs खर्च होई। कंपनी करीब 13 अरब डॉलर के अतिरिक्त निवेश क्लाउड आ AI इंफ्रास्ट्रक्चर बढ़ावे में लगाई।

एकरा से मुंबई आ हैदराबाद में अमेजन वेब सर्विसेज (AWS) के डेटा सेंटर क्षमता के विस्तार होई। कंपनी के लक्ष्य बा कि भारत के क्लाउड आ AI क्षेत्र में वैश्विक स्तर पs मजबूत केंद्र बनावल जावs।

रोजगार आ छोट कारोबारियन के फायदा

अमेजन के एह बड़ निवेश से रोजगार के अवसर बढ़े के उम्मेद बा। कंपनी के लक्ष्य बा कि साल 2030 तक करीब 38 लाख प्रत्यक्ष आ अप्रत्यक्ष रोजगार के समर्थन कइल जावs। एकरा अलावे छोट कारोबारियन के डिजिटल प्लेटफॉर्म से जोड़ल, ई-कॉमर्स निर्यात बढ़ावल आ AI तकनीक के फायदा पहुंचावल कंपनी के योजना में सामिल बा।

कंपनी के मोताबिक, 2030 तक भारत से 80 अरब डॉलर के संचयी ई-कॉमर्स निर्यात में मदद करे के लक्ष्य रखल गइल बा। संगही डेढ़ करोड़ छोट बेवसायी आ 40 लाख सरकारी स्कूल के छात्रन तक AI के लाभ पहुंचावे पs जोर दिहल गइल बा।

Read Also: Bengaluru Tripple Murder : लिव-इन के विरोध से नाराज सॉफ्टवेयर इंजीनियर बेटी पs परिवार के हत्या के आरोप

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.