एकमा फीडर में दु घंटा बिजली आपूर्ति रही बाधित : बढ़त लोड के लेके चल रहल बा मेनटेनेंस कार्य, लोगन से जरूरी काम निपटावे के अपील

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2024

छपरा के एकमा फीडर में दूसरको दिन दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 10:00 बजे से लेके 12:00 बजे तक कइल जाई। एकमा पावर सब स्टेशन 33 केवीए

Share

छपरा के एकमा फीडर में दूसरको दिन दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 10:00 बजे से लेके 12:00 बजे तक कइल जाई। एकमा पावर सब स्टेशन 33 केवीए में मेंटेनेंस के चलत अधूरा कार्य के पूरा करे खातिर पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा।

बढ़त लोड के चलते पावर सप्लाई में परेसानी ना होखे एकरा खातिर विद्युत विभाग कावर से निर्णय लेके एकमा पावर सब स्टेशन में पावर कट कs के तार के पावर केबल के रूप में रिप्लेसमेंट आ रिपेयरिंग कइल जा रहल बा। बियफे के अधूरा काम के पूरा करे खातिर सनीचर के दु घंटा के पावर कट कइल जाई।

दूर होई बिजली ट्रिप के समस्या

ई जानकारी एकमा पावर सब स्टेशन के अभियंता देले बा। एह दौरान क्षेत्र के गांव में बिजली गुल रही। पावर कट के बारे में जानकारी देत इंजीनियर बतवलें कि बढ़त लोड के चलते बिजली के तार पs भारी दबाव पड़ रहल बा। उपभोक्ता लोग अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कs रहल बा, जवना से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा।

जवना से पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तारन के मरम्मत कइल गइल अनिवार्य बा। जवना के आलोक में आज सनीचर के सबेरे 10:00 बजे से दुपहरिया 12:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद कs के सब तारन के रिप्लेसमेंट करत कबर केबल आ रिपेयरिंग कइल जात रहे। अधूरा काम के पूरा करे खातिर दु घंटा के पावर कट रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.