US Security Breach : राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के जहाज एयर फोर्स वन के सुरक्षा में बड़ लापरवाही, फटाफट भेजल गइल F-16 लड़ाकू विमान

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2026

सेंट्रल डेस्क। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के सुरक्षा में अतवार के दिन एगो बड़ चूक सामने आ गइल, जब एगो सिविलियन (नागरिक) जहाज राष्ट्रपति के जहाज एयर फोर्स वन के नजदीक उड़े के प्रतिबंध के

Share

डोनाल्ड ट्रंप

सेंट्रल डेस्क। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के सुरक्षा में अतवार के दिन एगो बड़ चूक सामने आ गइल, जब एगो सिविलियन (नागरिक) जहाज राष्ट्रपति के जहाज एयर फोर्स वन के नजदीक उड़े के प्रतिबंध के उल्लंघन कs देलस। एह घटना से अफरा-तफरी मच गइल आ तुरंत सुरक्षा खातिर F-16 लड़ाकू विमान भेजल गइल, जवन फ्लेयर्स के इस्तेमाल कइलस।

नागरिक जहाज कइलस उड़ान प्रतिबंध के उल्लंघन

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, ई घटना फ्लोरिडा के लगे बीच इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs भइल। एह घटना के बाद अधिकारी हवाई अड्डा पs जहाजन के आवाजाही रोक दिहल लोग आ नॉर्थ अमेरिकन एयरोस्पेस डिफेंस कमांड के विमान के तुरंत भेज के नागरिक जहाज के रोके के काम कइल गइल। हालांकि व्हाइट हाउस साफ कहले बा कि ना तs एयर फोर्स वन के कवनो खतरा रहे आ ना राष्ट्रपति ट्रंप के।

NORAD कइलस कार्रवाई

NORAD के बयान के अनुसार, 29 मार्च 2026 के दूपहरिया करीब 1:15 बजे F-16 लड़ाकू विमान पाम बीच के ऊपर ओह जहाज के रोकलस। ऊ नागरिक जहाज ओह इलाका में लागू अस्थायी उड़ान प्रतिबंध के उल्लंघन कइले रहे। बाद में जहाज के सुरक्षित तरीका से प्रतिबंधित इलाका से बाहर निकाल दिहल गइल। एह दौरान लड़ाकू विमान के पायलट फ्लेयर्स के इस्तेमाल कs के संकेत देके निरदेस देलस।

व्हाइट हाउस देलस सफाई

व्हाइट हाउस के एगो अधिकारी बतवलें कि ऊ नागरिक जहाज कुछ समय खातिर पाम बीच इंटरनेशनल एयरपोर्ट के एयर ट्रैफिक कंट्रोल से संपर्क से बाहर हो गइल रहे, बाकिर बाद में संपर्क बहाल हो गइल। एह कारण से जहाज के लैंडिंग रोक दिहल गइल। अधिकारी इहोे साफ कइलें कि कवनो ड्रोन के घुसपैठ ना भइल आ राष्ट्रपति के जहाज एयर फोर्स वन से जुड़ल कवनो खतरा ना रहे।

Read Also: UP Weather : यूपी में आज आ काल्ह रही आंधी-तूफान के दौर, कइयन जिलन में बरखा आ वज्रपात के अलर्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.